[the_ad_group id="30365"]

सीतापुर में BJP नेता के गाड़ी कांवड़ियन के रौंदलस, एगो लईकी के मउत, तीन गो घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के सीतापुर में भारतीय जनता पार्टी के एगो नेता के गाड़ी कांवरिया के कुचल दिहलस। एह हादसा में एगो लइकी के मउत हो गइल बा. एकरा संगे तीन कांवरिया घायल हो चुकल बाड़े। दुर्घटना के शिकार सभ कांवरिया नाबालिग रहले। घाही लोग के लखनऊ ट्रॉमा सेंटर रेफर कs दिहल गईल बा। दुर्घटना के बाद देर रात कांवरिया सड़क पs हंगामा मचवले। चार थाना के पुलिस स्थिति पs काबू पावे खातीर मौका पs पहुंचल।

नेता के गाड़ी से रौंदल कांवड़ियन सब महमूदाबाद से भगौली बाराबंकी में जलाभिषेक करे जात रहले। महमूदाबाद कोतवाली के जरायपुर के समीप तेज रफ्तार गाड़ी कांवरिया के कुचल दिहलस। जवना में चार किशोर कांवरिया गंभीर रूप से घायल हो गईले। तुरंत सभके स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गईल, जहां डॉक्टर नेहा नाम के किशोरी के मृत घोषित कs देले जबकि अरुण (14 साल), रजनी (12 साल) अवुरी सजनी (16 साल) के गंभीर हालत में लखनऊ ट्रॉमा सेंटर रेफर कs दिहल गईल। दू गो किशोर लड़िकन के हालत गंभीर बनल बा.

दुर्घटना में किशोरी कवडिया नेहा के मउत के बाद साथी कवडिया में नाराजगी मच गईल। कांवरिया लोग नेहा के लाश लेके सड़क पs आके हंगामा मचावे लगले। एकरा बारे में जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस मौका पs पहुंच के मामिला के शांत करे के कोशिश कईलस। कांवड़ियन के बढ़त हंगामा देख के कोतवाली पुलिस समेत चार थाना के पुलिस भी मौका पs पहुंच गईल। बाराबंकी जिला के भगौली में शिव मंदिर के जलाभिषेक करे खातिर सब कांवरिया महमूदाबाद से जात रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]