[the_ad_group id="30365"]

भाजपा नेता पs पिस्टल के बट से हमला: अंबेडकर चौक के लगे गाड़ी हटावे के लेके भइल विवाद, कार सवार 4 लोगन पs आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज में भाजपा के नगर प्रवक्ता प्रदीप मिश्रा पs देर सांझ हमला भइल। घटना नगर थाना क्षेत्र के अंबेडकर चौक के लगे के हs ।विवाद गाड़ी हटावे के लेके भइल रहे। एह दौरान एगो पक्ष दूसरका पक्ष पs पिस्टल के बट से हमला कs दिहल।

घायल भाजपा नेता जख्मी अवस्था में तत्काल इलाज खातिर सदर अस्पताल पहुंचलें। भाजपा नेता दुगो नामजद आ दुगो अज्ञात पs ममिला दर्ज कs के कार्रवाई के मांग कइलें बाड़े।

प्रदीप मिश्रा बतवलें कि ऊ अंबेडकर चौक के लगे अपना बाइक खड़ा कs के दूध किनत रहलें। उनका लगे 40 हजार रुपिया रहे। एही बीच कार सवार लोग उनका के बाइक हटावे के कहल। ऊ बाइक हटावही वाला रहलें कि एही बीच दुनो पक्षन में विवाद हो गइल। धीरे-धीरे विवाद बढ़ता गइल। एकरा बाद पीछे से एगो व्यक्ति कार से उतर के आइल आ पिस्टल के बट से उनका माथा पs हमला कs दिहल।

प्रदीप मिश्रा घटना के बाद नगर थाना के पुलिस के सूचना देलें। सूचना पाके पुलिस पहुंचल आ ममिला दर्ज कs के आगे के कार्रवाई में जुट गइल बिया।

नगर थाना के अपर थानाध्यक्ष मनोज कुमार सिंह बतवलें कि बाइक हटावे के लेके विवाद भइल रहे। विवाद में अवैध पिस्टल से हमला कइल गइल, जवना से ऊ जख्मी हो गइलें। दु गो नामजद आ दुगो अज्ञात पs ममिला दर्ज करावल गइल बा। फिलहाल जांच कइल जा रहल बा। दोषी पावल जाये वालन पs कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]