[the_ad_group id="30365"]

मारपीट में घायल भइल BJP नेता के मउत, टारगेट बनाके भइल हमला, कुल आरोपी फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राजस्थान के कोटपूतली-बहरोड़ जिला में बियफ़ें के 8 लोग एगो स्थानीय भारतीय जनता पार्टी के नेता के रॉड अवुरी लाठी से बुरी तरह से मरले। एकरा बारे में जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि भाजपा नेता के शुक के जयपुर में इलाज के दौरान मउत हो गईल। अपर पुलिस अधीक्षक (कोटपूतली-बहरोड़) नाम सिंह चौहान बतवले कि भाजपा नेता यासीन खान बियफ़ें के जयपुर से अलवर लवटत रहले। आरोपी उनुका गाड़ी के रोक के रॉड अवुरी लाठी से हमला कs देलस। बुरी तरह घायल यासीन के जयपुर अस्पताल में भर्ती करावल गइल.

8 आरोपी गाड़ी के रोक देले रहले

पुलिस अधिकारी कहले कि, ‘यासीन के जयपुर के एसएमएस अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर आज मौत हो गईल।’ कोटपूतली-बहरोड़ के नारायणपुर थाना क्षेत्र के विजयपुरा गांव के पास के घटना हs। पुलिस अधिकारी शंभू मीणा बतवले कि यासीन 2 लोग जितेंद्र शर्मा अवुरी परमेंद्र शर्मा के संगे एगो कार में अलवर के ओर जात रहले, तबे 8 आरोपी उनुकर गाड़ी रोक के यासीन के पीट देले। उs कहले कि, आरोपी 2 एसयूवी में रहले अवुरी यासीन के गाड़ी के पीछे-पीछे चलत रहले। विजयपुरा गाँव के लगे गाड़ी रोक के यासीन के बाहर ले गईले। एs घटना में परमेन्द्र के भी मामूली चोट आईल बा। आरोपी के एकमात्र निशाना यासीन रहले।

यासीन मेओ समुदाय के रहले

पुलिस अधिकारी मीणा बतवले कि यासीन के प्राथमिक चिकित्सा खातीर पास के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में ले जाइल गईल अवुरी उहाँ से उनुका के आगे के इलाज खातीर जयपुर के एसएमएस अस्पताल भेजल गईल, जहां उनुकर मौत हो गईल। मीणा बतवले कि यासीन मेओ समुदाय के रहले अवुरी अलवर के निवासी रहले। आरोपी भी एकही समुदाय अवुरी जिला के हवे। कहलन कि ओह लोग के बीच कुछ पुरान दुश्मनी रहे। सभे आरोपी फरार बाड़े अवुरी उनुका के खोजे खातीर अलग-अलग टीम बनावल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]