[the_ad_group id="30365"]

यूपी में BJP एs नेता से छिनलस जिलाध्यक्ष के कुर्सी, पार्टी से भी निकालल गइल; महिला संग वायरल भइल वीडियो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में बड़हन कार्रवाई करत भाजपा गोंडा जिला अध्यक्ष अमर किशोर कश्यप के पार्टी से निकाल दिहले बिया. हाल ही में अमर किशोर कश्यप के एगो औरत के संगे एगो आपत्तिजनक वीडियो वायरल भइल रहे. मामला में भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष उनुका से जवाब मंगले रहले। भाजपा के कहनाम बा कि कश्यप के जवाब संतोषजनक नईखे, एहीसे इs कार्रवाई भईल।

प्रदेश महासचिव गोविंद नारायण शुक्ल अमर किशोर कश्यप के चिट्ठी लिखले बाड़न कि रउरा भेजल सफाई संतोषजनक नइखे. राउर ई काम घोर अनुशासनहीनता के दायरा में आवेला। प्रदेश अध्यक्ष के निर्देश के मुताबिक आपके तुरंत प्रभाव से पार्टी से निकाल दिहल जाला।

पूरा बात का बा?

बता दीं कि 25 मई के भाजपा के जिला अध्यक्ष आ एगो महिला कार्यकर्ता के भाजपा कार्यालय में 12 अप्रैल के रात करीब 9.30 बजे एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल. वीडियो में उs एगो महिला के पार्टी ऑफिस ले जाके कथित तौर पs ओकरा के गले लगावत देखाई देतारे। जब वीडियो सोझा आईल तs कश्यप साफ कईले कि उs महिला के सिर्फ ‘सपोर्ट’ देले बाड़े, काहेंकी उनुका चक्कर आवत रहे। भाजपा के जिला अध्यक्ष अमर किशोर कश्यप कहले रहले कि उs वीडियो में एगो महिला कार्यकर्ता के संगे बाड़े। महिला मजदूर के चक्कर आ गईल रहे अवुरी उs सिर्फ उनुकर मदद कईले रहले। महिला कार्यकर्ता भी आगे आके मान लिहली कि जिला अध्यक्ष उनुकर मदद कईले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]