[the_ad_group id="30365"]

Bihar Assembly: विधानसभा में तेजस्वी के इस्तीफा के मांग पs हंगामा, वेल में पहुंचलें भाजपा नेता; रुकल कार्यवाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधानसभा में मंगर के विपक्षी दल भाजपा के सदस्यन के हंगामा के कारण कार्यवाही दुपहरिया दु बजे तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

भाजपा के नेता सीबीआई के आरोप पत्र में उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के नाम होखे के लेके उनका इस्तीफा के मांग करत रहे लो। एकरा के लेके भाजपा नेता वेल में आ गइल लो।

बता दीं कि विधानसभा के कार्यवाही सबेरे 11 बजे सुरू भइल रहे। एह दौरान भाजपा सदस्य अपना सीटन पs खड़ा हो गइल  लो आ राजद नेता के इस्तीफा के मांग करे लागल लो। तेजस्वी के नाम नौकरी के बदला जमीन घोटाला के दाखिल कइल गइल आरोप पत्र में बा। ममिला के जांच सीबीआई कs रहल बिया।

विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी हंगामा के बीच कार्यवाही चलावे के कोसिस कइलें, बाकिर 10 मिनट से कम समय में ऊ हार मान लेलें, काहेकि शांति बना के रखे के उनकर कोसिसन के कवनो असर ना भइल।

अइसन में अध्यक्ष चौधरी दुपहरिया दु बजे सदन के बैठक फेर से सुरू होखे के घोषणा करे से पहिले कहलें कि रउआ लोगन के बेवहार एह प्रतिष्ठित सदन के इतिहास पs एगो धब्बा बा।

रउआ सब प्रश्नकाल में बाधा डाल रहल बानी, जबकि रउआ जवन कवनो मुद्दा उठावे के चाहत रहनी, ऊ दिन में दुपहरिया के भोजन के समय के बाद खातिर सूचीबद्ध बा।

बता दीं कि भाजपा नेता उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के इस्तीफा के मांग करत रहे लो। जांच एजेंसी के अधिकारी पहिले कहले रहे लो कि ई ममिला लालू प्रसाद यादव के रेल मंत्री रहत यादव परिवार आ ओकर सहजोगियन के नौकरी के बदले जमीन दिहल जाये से जुड़ल बा।

आरोप बा कि लालू, उनका परिवार आ सहयोगियन के नौकरी लगवावे के बदला में कथित तौर पs उपहार स्वरूप सस्ता दरन पs जमीन बेचल गइल।

एह ममिला में पिछला हफ्ता दायर आरोप पत्र में तेजस्वी यादव के नाम जोड़ल गइल बा। एमे लालू यादव आ उनकर पत्नी राबड़ी देवी के नाम बा।

ईडी पहिले दिल्ली में तेजस्वी यादव के आवास के तलाशी लेले रहे आ सीबीआई लालू प्रसाद यादव आ राबड़ी देवी दुनो से पूछताछो कइले रहे।

बता दीं कि लालू यादव जब रेल मंत्री रहस, तब तेजस्वी यादव नाबालिग रहस। ओने, राजद आरोप लगावत रहल बा कि भाजपा के निरदेस पs सीबीआई राजनीतिक प्रतिशोध ले रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]