[the_ad_group id="30365"]

Breaking: BJP 4 राज्यन के चुनाव प्रभारी बदललस, प्रह्लाद जोशी के राजस्थान, भूपेन्द्र यादव के MP के जिम्मेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा 4 चुनावी राज्यन में संगठन के प्रभारी नियुक्त कइले बिया। प्रह्लाद जोशी के राजस्थान, केंद्रीय मंत्री भूपेन्द्र यादव के मध्य प्रदेश, ओपी माथुर के छत्तीसगढ़ आ प्रकाश जावडेकर के तेलंगाना के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

एकरा संगही सहप्रभारियनो के नियुक्त कइल गइल बा। एह चारो राज्यन में एही साल के अंत तक विधानसभा चुनाव होखे के बा। मध्य प्रदेश के छोड़के बाकी सब राज्यन में कांग्रेस आ दूसरा दलन के सरकार बा।

कुछे दिन पहिले भाजपा बदलले रहे 4 राज्यन के प्रदेश अध्यक्ष

बता दीं कि 2024 में होेखे वाला लोकसभा चुनाव के देखत बीजेपी 4 राज्यन के प्रदेश अध्यक्षन के बदल देले बहे। पार्टी तेलंगाना, झारखंड, आंध्र प्रदेश आ पंजाब के प्रदेश अध्यक्षन के  बदलले रहे। बाबूलाल मरांडी के झारखंड के प्रदेश अध्यक्ष, आंध्र प्रदेश के अध्यक्ष डी पुरंदेश्वरी, पंजाब के प्रदेश अध्यक्ष सुनील जाखड़ आ केंद्रीय मंत्री किशन रेड्डी के तेलंगाना में भाजपा अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]