[the_ad_group id="30365"]

BJP: महाराष्ट्र, हरियाणा समेत एह राज्यन में भाजपा चुनलस चुनाव प्रभारी; शिवराज के एह राज्य के जिम्मा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BJP: भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) अपना दिग्गज नेता लो के अलग-अलग राज्यन के चुनाव के जिम्मेदारी सउंपले बिया। एकरा साथही पार्टी पंजाब आ पश्चिम बंगाल में होखे वाला उपचुनाव खातिर उम्मीदवारन के नांव के एलानो कइले बिया। पार्टी सोमार के बतवलस कि केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव के महाराष्ट्र के चुनाव प्रभारी आ केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव के सह-प्रभारी नियुक्त कइल गइल बा। एकरा अलावा केंद्रीय धर्मेंद्र प्रधान के हरियाणा के चुनाव प्रभारी आ सांसद बिप्लब कुमार देव के सह-प्रभारी बनावल गइल बा। पार्टी मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ केंद्रीय मंत्री शिवराज सिंह चौहान के झारखंड के चुनाव प्रभारी नियुक्त कइले बिया। उनका साथे असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्व सरमा के सह-प्रभारी बनाया गइल बा। पार्टी जी किशन रेड्डी के जम्मू आ कश्मीर खातिर चुनाव प्रभारी नियुक्त कइले बिया।

एकरा साथही पार्टी पंजाब आ पश्चिम बंगाल में होखे वाला विधानसभा उपचुनाव खातिर नामन के एलान कऽ देले बिया। भाजपा पंजाब के जालंधर पश्चिम (एससी) से शीतल अंगुराल के उम्मीदवार बनवलस। एकरा अलावा पश्चिम बंगाल के रायगंज से मानस कुमार घोष, रानाघाट दक्षिण (एससी) से मनोज कुमार बिस्वास, बागदा (एससी) से बिनय कुमार बिस्वास आ मानिकतला से कल्याण चौबे भट्टाचार्य के उम्मीदवार बनवले बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]