Gold Price Today: सोना तुड़लस सब रिकॉर्ड, आज ताबड़तोड़ बढ़ल कीमत, इहां बा सबसे सस्ता रेट

Share

Gold Silver Price Today: सोना के दर आज 57,000 रुपिया प्रति 10 ग्राम से ऊपर पहुंच गइल बा। घरेलू वायदा बाजार में, एमसीएक्स पs सोना 0.4% बढ़के 57050 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल, जबकि चांदी 0.5% बढ़के 68301 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल। कमजोर अमेरिकी डॉलर के समर्थन से वैश्विक बाजारन में हाजिर सोना 0.2% बढ़के 1,935.69 डॉलर प्रति औंस हो गइल। निवेशक एह हफ्ता के अंत में यूएस के चौथा तिमाही के जीडीपी विकास अनुमानन के इंतजार कर रहल बा लो। आउर कीमती धातुअन में हाजिर चांदी 0.4 फीसदी बढ़के 23.54 डॉलर प्रति औंस हो गइल।

मजबूत हाजिर मांग के कारण सटोरी ताजा सौदन के लिवाली कइल जवना से वायदा कारोबार में मंगर के सोना 260 रुपिया के तेजी के संगे 57,075 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल। मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज में, फरवरी डिलीवरी खातिर सोना अनुबंध 8,323 लॉट के कारोबार में 260 रुपिया भा 0.46 प्रतिशत बढ़के 57,075 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गइल।

सोना आ चांदी के कीमत में तेजी

व्यापरी लोग कहलस कि कारोबारियन के ताजा लिवाली से सोना के कीमतन में तेजी आइल। वैश्विक स्तर पs न्यूयॉर्क में सोना 0.64 प्रतिशत के तेजी के संगे 1,957.90 डॉलर प्रति औंस पs चलत रहे। ओने चांदी के वायदा भाव बढ़के 68,564 रुपिया प्रति किलोग्राम हो गइल। मजबूत हाजिर मांग के बीच कारोबारी लोग अपना सौदन के आकार के बढ़ावल। जवना से वायदा कारोबार में मंगर के चांदी के कीमत 600 रुपिया के तेजी के संगे 68,564 रुपिया प्रति किग्रा हो गइल।

मल्टी कमोडिटी एक्सचेंज में चांदी के मार्च डिलीवरी वाला अनुबंध के भाव 600 रुपिया भा 0.88 प्रतिशत के तेजी के संगे 68,564 रुपिया प्रति किग्रा हो गइल जेमे 17,054 लॉट खातिर कारोबार भइल। विश्लेषक लोग कहल कि चांदी के कीमतन में तेजी के मुख्य कारण बाजार में सकारात्मक रुख के बीच कारोबारियन के ताजा लिवाली बा। वैश्विक स्तर पs न्यूयॉर्क में चांदी के कीमत 0.98 प्रतिशत के तेजी के संगे 23.79 डॉलर प्रति औंस हो गइल।

इहां सबसे सस्ता मिल रहल बा सोना

गुड रिटर्न के मोताबिक, सर्राफा बाजार में सोना के कीमत एह तरे बा:-

  • दिल्ली में 24 कैरेट के 10 ग्राम सोना 57,650 रुपिया बा।
  • जयपुर में 10 ग्राम 24 कैरेट सोना 57,650 रुपिया में बिक रहल बा।
  • पटना में 24 कैरेट के 10 ग्राम सोना के दाम 57,160 रुपिया बा।
  • कोलकाता में 24 कैरेट के 10 ग्राम सोना के दाम 57,490 रुपिया बा।
  • मुंबई में 24 कैरेट के 10 ग्राम सोना 57,490 पs बिक रहल बा।
  • बेंगलुरु में 24 कैरेट के 10 ग्राम सोना 57,550 रुपिया के बा।
  • हैदराबाद में 24 कैरेट 10 ग्राम सोना 57,490 रुपिया के बा।
  • चंडीगढ़ में सोना के कीमत 57,650 रुपिया बा
  • लखनऊ में 24 कैरेट 10 ग्राम सोना के रेट 57,650 रुपिया बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-