Dollar vs Rupee: लाइफ-टाइम लो पs पहुंच गइल रुपिया, फॉरेन आउटफ्लो रहल गिरावट के वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2024

आज भारतीय शेयर बाजार में बिकवाली के संगे रुपिया लाइफ टाइम लो पs पहुंच गइल बा। सोमार के खुलतही भारतीय रुपिया अब तक के सबसे निचला स्तर पs पहुंच गइल बा। अमेरिकी मंदी के चिंता

Share

आज भारतीय शेयर बाजार में बिकवाली के संगे रुपिया लाइफ टाइम लो पs पहुंच गइल बा। सोमार के खुलतही भारतीय रुपिया अब तक के सबसे निचला स्तर पs पहुंच गइल बा। अमेरिकी मंदी के चिंता से फॉरेन आउटफ्लो के वजह से रुपिया में भारी गिरावट आइल बा।

डॉलर के मुकाबले रुपिया 83.75 के पिछला बंद स्तर के तुलना में 83.78 पs खुलल आ एकरा से आगे फिसल गइल। सुक के 83.7525 के जीवनकाल न्यूनतम स्तर पs पहुंच गइल बा।

निराशाजनक नौकरियन के रिपोर्ट के बाद अमेरिका आ एशियाई शेयरन में बिकवाली भारत आ आउर बाकी उभरत बाजारन से बिदेसी निकासी के चिंता के बढ़ा देले बा। पब्लिक सेक्टर बैंक के एगो व्यापारी कहलें कि तेज बिकवाली भारतीय रिजर्व बैंक के USD/USD/INR के 83.90 तक बढ़े देवे खातिर प्रेरित कs सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.