Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिस्लेरी : जयंती चौहान बिसलेरी के नयकी मालिकिन होईहे, टाटा से अधिग्रहण पे बातचीत खतम होखला के बाद कंपनी के फैसला

बिस्लेरी नयका बॉस : 42 साल के जयंती चौहान फिलहाल बिस्लेरी इंटरनेशनल के वाइस चेयरपर्सन बाड़ी, जवन कि उनुका पिता के ओर से प्रचारित अउरी बनावल कंपनी ह।

387

बिस्लेरी : जयंती चौहान बिसलेरी के नयकी मालिकिन होईहे, टाटा से अधिग्रहण पे बातचीत खतम होखला के बाद कंपनी के फैसला

बिस्लेरी नयका बॉस : 42 साल के जयंती चौहान फिलहाल बिस्लेरी इंटरनेशनल के वाइस चेयरपर्सन बाड़ी, जवन कि उनुका पिता के ओर से प्रचारित अउरी बनावल कंपनी ह। एह मामिला के जानकारी राखे वाला लोग के कहना बा कि ऊ मुख्य कार्यकारी एंजेलो जॉर्ज के नेतृत्व में एगो प्रोफेशनल मैनेजमेंट टीम कके साथे काम करीहें|

बिसलेरी इंटरनेशनल के चेयरमैन रमेश चौहान के बेटी जयंती चौहान अब बोतलबंद पानी कंपनी के प्रमुख रहीहें| बताईं किटाटा कंज्यूमर प्रोडक्ट्स लिमिटेड (टीसीपीएल) के संगे अधिग्रहण के बातचीत खतम होखला के बाद कंपनी नेतृत्व जयंती के देवे के फैसला कईले बिया। बिसलेरी के चेयरमैन रमेश चौहान मीडिया से बतवले कि जयंती हमनी के प्रोफेशनल टीम के संगे कंपनी चलावेली अउरी अब हमनी के आपन बिजनेस नईखी बेचल चाहत।

42 साल के जयंती चौहान फिलहाल उनुका पिता के प्रचार अउरी निर्माण कंपनी बिसलेरी इंटरनेशनल के वाइस चेयरपर्सन बाड़ी। एह मामिला के जानकारी राखे वाला लोग के कहना बा कि ऊ मुख्य कार्यकारी एंजेलो जॉर्ज के नेतृत्व में एगो प्रोफेशनल मैनेजमेंट टीम के साथे काम करीहें|

जयंती के बचपन मुंबई, दिल्ली आ न्यूयार्क में बीतल

जयंती चौहान आपन बचपन दिल्ली, मुंबई आ न्यूयार्क जइसन शहरन बितवलेबाड़ी | हाई स्कूल के बाद लॉस एंजिल्स के एफआईडीएम (Fashion Institute of Design and Merchandising) ) में प्रोडक्ट डेवलपमेंट के पढ़ाई कइली। जयंती लंदन कॉलेज ऑफ फैशन से फैशन स्टाइलिंग आ फोटोग्राफी के पढ़ाई भी कइले बाड़ी। जयंती कई गो प्रमुख फैशन हाउस में इंटर्न के रूप में भी काम कइले बाड़ी। लंदन विश्वविद्यालय के स्कूल ऑफ ओरिएंटल एंड अफ्रीकन स्टडीज (SOAS)से अरबी भी सीखले।

 

24 साल के उमिर से पिता के बिजनेस में मदद करे लगली

24 साल के उमिर में जयंती चौहान अपना पिता के संगे बिसलेरी के दिल्ली कार्यालय में काम करे लगली। अपना शुरुआती दौर में जयंती बिसलेरी के प्लांट रिनोवेशन अउरी प्रोसेस ऑटोमेशन पे ध्यान देत रहली। उ कंपनी के मानव संसाधन विभाग (एचआर) के संगे-संगे बिक्री अउरी मार्केटिंग टीम में भी महत्वपूर्ण बदलाव कईले। साल 2011 में जयंती दिल्ली से मुंबई शिफ्ट हो गईली। बिसलेरी के नया ब्रांड जइसे कि हिमालय के वेदिका नेचुरल मिनरल वाटर ,फिजी फ्रूट ड्रिंक्स अउरी बिसलेरी हैंड प्यूरीफायर के बिजनेस चलावे में उनुकर बहुते योगदान रहल|

 

485480cookie-checkबिस्लेरी : जयंती चौहान बिसलेरी के नयकी मालिकिन होईहे, टाटा से अधिग्रहण पे बातचीत खतम होखला के बाद कंपनी के फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.