[the_ad_group id="30365"]

रांची में बर्ड फ्लू दिहलस दस्तक, जांच में पुष्टि के बाद मारल गइल 2196 पक्षी; अलर्ट जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

झारखंड के राजधानी रांची में बर्ड फ्लू के फइलले के पुष्टि हो चुकल बा। शहर के होटवार इलाका के क्षेत्रीय मुर्गी पालन फार्म में 1745 मुर्गी के संगे 2196 चिरई के मउत हो गईल बा। एकरा अलावे 1697 अंडा नष्ट हो चुकल बा। भोपाल में स्थित सरकारी प्रयोगशाला में मुर्गी के नमूना के जांच कईला के बाद मामिला सोझा आईल। नमूना में एवियन इन्फ्लूएंजा एच5एन1 के पुष्टि भइल बा। इs वायरस चिरई में बेमारी पैदा करेला। जिला प्रशासन अलर्ट जारी कs दिहले बा।

अंडा खरीदे बेचे पs रोक

जवना इलाका में संक्रमण के पुष्टि भइल बा ओहिजा से एक किलोमीटर के त्रिज्या में मुर्गी, ओकरा से जुड़ल उत्पाद आ अंडा के खरीद, बिक्री आ परिवहन पs तत्काल प्रभाव से रोक लगा दिहल गइल बा। रांची के उपायुक्त राहुल कुमार सिन्हा रैपिड रिस्पांस टीम गठित कईले बाड़े अवुरी हरेक टीम में पशु चिकित्सा अधिकारी अवुरी कर्मी के नियुक्ति कईले बाड़े। प्रतिनियुक्त अधिकारी आ कर्मी लोग के जिला पशुपालन अधिकारी आ सहायक निदेशक, पोल्ट्री फार्म, होटवार रांची के संगे समन्वय से काम करे के निर्देश दिहल गईल बा।

क्लीनिंग एंड डिसइन्फेक्शन के कार्य

बतावल गईल बा कि एक्शन प्लान के तहत आरआरटी ​​के बाचल मुर्गी पालन के मुर्गी के मार के वैज्ञानिक तरीका से निपटावल अवुरी ओकरा बाद संक्रमित इलाका के वैज्ञानिक तरीका से साफ-सफाई अवुरी कीटाणुशोधन पूरा करे के बा। कार्य योजना के तहत मुर्गी पालन से जुड़ल सर्वेक्षण के काम एपिसेंटर से एक किलोमीटर के त्रिज्या में कईल जाई, ताकि एकरा से जुड़ल फैसला प्रशासनिक स्तर पs लिहल जा सके। टीम के निर्देश दिहल गईल बा कि एपिसेंटर के केंद्र से 10 किलोमीटर के त्रिज्या में इलाका के नक्शा बना के निगरानी क्षेत्र के रूप में चिन्हित कईल जाए अवुरी एs इलाका में एवियन इन्फ्लूएंजा के गहन निगरानी कईल जाए।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]