[the_ad_group id="30365"]

Birbal Khosla Dies: ‘शोले’ एक्टर बीरबल खोसला के निधन, 84 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बीरबल खोसला मउत के खबर: हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता बीरबल खोसला के 84 साल के उमिर में निधन हो गइल। अभिनेता स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या से ग्रस्त रहले। जवना के चलते उ 12 सितंबर के सांझ के साढ़े पांच बजे आखिरी सांस लेले। एह दुखद खबर से मनोरंजन जगत के बहुते लोग चौंक गइल बा। अभिनेता के बेटा विदेश में काम करेले। परिवार उनुका आवे के इंतजार करत बा। जानकारी के मुताबिक उनुकर अंतिम संस्कार आजु होई।

बीरबल खोसला एगो हास्य अभिनेता रहलें, जे अपना मजाकिया किरदारन से सभका के मनोरंजन करत रहले। लेकिन बहुत दिन तक उ उमिर से जुड़ल बेमारी से पीड़ित रहले अवुरी मुंबई के भारतीय आरोग्य अस्पताल में भर्ती रहले। मउत से जुड़ल जानकारी देत ​​अभिनेता कहले कि उमर से जुड़ल बेमारी के अलावे बीरबल के घुटना में समस्या रहे, जवना के चलते उ चल तक ना सकेले।

ऊ करीब एक साल पहिले ले फिलिमन में काम करत रहले। बीरबल अपना पीछे पत्नी अवुरी एगो बेटा छोड़ के चल गईले। उनुकर पत्नी अंधेरी में सात बंगला में रहेली अवुरी बेटा सिंगापुर में काम करेले।

 

एह फिलिमन में काम कइले बानी

हालांकि बीरबल 500 से अधिका फिलिमन में काम कs चुकल बाड़न बाकिर जवना फिलिमन में उनुका किरदार के सबले बेसी सराहल गइल ऊ बाड़ी सँ ‘‘शोले’,’मेरा गांव मेरा देश’, ‘तपस्या’, ‘सदमा’, ‘दिल’, ‘फिर कभी’, ‘रास्ते का पत्थर’, ‘अमीर गरीब’ ‘सुन मेरी लैला’, ‘अनीता’, ‘इंसान’, ‘एक महल का सपना हो’, ‘मोहब्बत की आरजू’।

दिवंगत अभिनेता के बीरबल खोसला के नाम से जानल जा सकेला बाकिर असली नाम सतिंदर कुमार खोसला ह। उहाँ के अभिनय कैरियर के शुरुआत साल 1967 में फिल्म ‘उपकार’ से कइले रहले। उहाँ के खाली हिन्दी में ना बलुक भोजपुरी, मराठी आ पंजाबी फिलिमन में भी काम कइले बानी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]