[the_ad_group id="30365"]

बायोमेट्रिक सत्यापन होई फेल तs फोटोग्राफ, आधार आ क्यू आर कोड से होई मिलान, केके पाठक के नया आदेस से पीड़ित अभ्यर्थियन के राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। बीपीएससी के माध्यम से बहाल शिक्षकन के बायोमेट्रिक सत्यापन के काम जिला शिक्षा पदाधिकारी कार्यालय में युद्ध स्तर पs चल रहल बा। हर दिन कवनो ना कवनो प्रखंड के सत्यापन करावल जा रहल बा। अभी ले तीन प्रखंडन के सत्यापन हो चुकल बा आ छह जनवरी के पानापुर प्रखंड के शिक्षकन के सत्यापन भइल।

सत्यापन के दौरान 20 से बेसी अइसन अभ्यर्थी मिलल बा लो, जेकर बायोमेट्रिक मिलान नइखे हो पावत। एह अभ्यर्थियन खातिर शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक एगो आदेस जारी कइले बाड़ें। जवना के अनुसार जदि बायोमेट्रिक थंब इंप्रेशन के मिलान नइखे हो पा रहल तs फोटोग्राफ के हूबहू मिलान कइल जाव। एकरा बाद आधार नंबर से ओटीपी प्राप्त कइल जाव आ फेर क्यूआर कोड से सत्यापन करावल जाव आदि से संबंधित आदेस जारी कइले बाड़ें।

अंगूठा से संबंधित बायोमेट्रिक मिलन ना होखला के सबसे बड़ कारण ई बा कि कुछ महिला जे गृहणी बा लो, ओह  लोगन के घर के काम कइला के दौरान अंगूठा चिकन हो जाला। कइयन बेर सब्जी कटला के दौरान रुखर हो जाला। आउर घरेलू काम जइसे कपड़ा धोवे, साफ सफाई, बर्तन धोवला आदि से अंगूठा रेखा घिस जाला भा रफ हो जाला। जवना के वजह से ई परेसानी हो जाला।

चउथा दिन बायोमेट्रिक सत्यापन के बेवस्था बहुते दुरुस्त लउकल। पानापुर से आइल सईयन के संख्या में शिक्षक लोग सत्यापन करावल।

हालांकि, शिक्षक लोग एक बेर टाइमिंग के लेके बहूते नाराजगी जतावल आ कहल कि टाइमिंग 5:00 बजे सांझ के जगे दिन में होखे के चाहीं।

साभार: मशरक न्यूज (बिहार)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]