[the_ad_group id="30365"]

Bima Bharti: रुपौली से बीमा भारती लड़िहें उपचुनाव, मिलल RJD के सिंबल; जेडीयू उम्मीदवार से होई टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Rupauli By Election 2024 रुपौली विधानसभा क्षेत्र खातिर हो रहल उपचुनाव में राजद बीमा भारती के टिकट दे देलस। वे जदयू से 2020 में रुपौली से विधायक चुनल गइल रहली। बीमा भारती के लोकसभा चुनाव में तेजस्वी यादव पूर्णिया सीट से टिकट देले रहले। राजद के टिकट मिललो के बाद बीमा जदयू से इस्तीफा दे देले रहली।

हालांकि, पूर्णिया सीट पs भइल त्रिकोणीय मुकाबला में बीमा भारती (Bima Bharti) के निर्दलीय पप्पू यादव पराजित कऽ देले रहले।

लोकसभा चुनाव हारला के बादो बीमा भारती के मिलल टिकट

लोकसभा चुनाव हारला के बाद अब विधानसभा उपचुनाव में लालू यादव बीमा भारती के टिकट देले बाड़े। रुपौली से विधायक रहल बीमा भारती भलही  राजद में होखस, बाकिर राजद में उनका के लेके विरोधो रहे। पार्टी के कुछ नेता लो के कहनाम बा कि पूर्णिया में बीमा भारती के वजह से राजद के भारी मतन से हार के सामना करे पड़ल रहे। लिहाजा उनका के रुपौली विधानसभा क्षेत्र से उम्मीदवार ना बनावे के चाहीं।

बाकिर, लालू प्रसाद बीमा भारती के मंगलवार के देर रात सिंबल दे देले। एकरा से पहिले भोरे बीमा भारती रावड़ी आवास पहुंच के लालू प्रसाद से मुलाकात कइले रही आ रुपौली विधानसभा सीट पs आपन दावेदारी पेश कइले रही।

बीमा भारती लालू से कइले रही मुलाकात

लालू से मुलाकात के बाद बीमा दावा कइले रही कि उनका आश्वाशन मिलल बा कि रुपौली विधानसभा से या तऽ उऽ चुनाव लड़िहें चाहे उनकर  पति अवधेश मंडल। बीमा भारती के दावा सच निकलल आ देर रात अवधेश मंडल के तऽ ना, लालू प्रसाद बीमा भारती के राजद के सिंबल दे देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]