[the_ad_group id="30365"]

बिहार के विशेष दर्जा के दर्जा संभव नइखे’, मांझी के बयान से राजनीतिक तापमान बढ़ गइल, नीतीश कुमार आ सम्राट चौधरी के बड़ झटका!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजनीति : पीएम नरेंद्र मोदी के सरकार में केंद्रीय मंत्री के रूप में काम करेवाला बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बयान से बिहार में राजनीतिक तापमान बढ़ गइल बा। दरअसल जीतन राम मांझी कहले बाड़न कि बिहार खातिर विशेष राज्य के दर्जा संभव नइखे। नीती आयोग शुरू से ही साफ क देले बा कि अब कवनो राज्य के विशेष दर्जा दिहल संभव नइखे। बाकी, केंद्र हमेशा बिहार के विशेष मदद देवे खातीर तैयार रहेला।

पीएम नरेंद्र मोदी के सरकार में केंद्रीय मंत्री के रूप में काम करेवाला बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बयान से बिहार में राजनीतिक तापमान बढ़ गइल बा। दरअसल जीतन राम मांझी कहले बाड़न कि बिहार खातिर विशेष राज्य के दर्जा संभव नइखे। नीती आयोग शुरू से ही साफ कs देले बा कि अब कवनो राज्य के विशेष दर्जा दिहल संभव नइखे। बाकी, केंद्र हमेशा बिहार के विशेष मदद देवे खातीर तैयार रहेला। जीतन राम मांझी कहले बाड़न कि केंद्र सरकार पूर्वोत्तर राज्यन में सड़कन के जाल बिछावत बिया। एह इलाका के समग्र विकास खातिर बड़हन पैमाना पर कदम उठावल जा रहल बा जवन पहिले कबो ना भइल रहे। ऊ कहले कि एनडीए सरकार भी बिहार के तेजी से विकास के पक्ष में बिया आ एही दिशा में काम कइल जाता।

एकरा संगे-संगे एनडीए के सहयोगी जदयू से विशेष राज्य के दर्जा के मांग एक बेर फेर से तेज हो गइल बा। जदयू के राज्यसभा सांसद आ पार्टी के कार्यरत राष्ट्रीय अध्यक्ष संजय झा से लेके बिहार सरकार में जदयू के कोटा मंत्री श्रवण कुमार तक सभे एक आवाज़ में कहतारे कि इहे हमनी के पार्टी के सबसे मजबूत आ महत्वपूर्ण मांग बा। हमनी के समय-समय पs ई मांग बढ़ावत आइल बानी। हमनी के उम्मीद बा कि केंद्र सरकार अबकी एकरा पs जरूर विचार करी काहेकी जदी बिहार के विशेष राज्य के दर्जा मिल गइल तs बिहार के चौतरफा विकास ना होई बलुक फैक्ट्री से शुरू होके बिहार में नाया औद्योगिक नीति भी लागू होई, जवन कि पूरा बिहार आ बिहार के जनता के फायदा होई । बिहार से पलायन भी बंद हो जाई।

इहाँ बिहार भाजपा के नेता भी जदयू के ए मांग के समर्थन करतारे। भाजपा के कोटा से नीतीश सरकार में उपमुख्यमंत्री के रूप में काम करे वाला सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा भी हाल में ए मांग के संगे केंद्र सरकार के दरवाजा खटखटा के पटना लवट गइल बाड़े। सम्राट चौधरी केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण से भेंट कइले बाड़न। बईठक के बाद पटना लवटल उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के कहनाम बा कि बिहार के हालत तबे सुधर जाई कि बिहार जवना सोच से आगे बढ़ल चाहता। एकरा संगे-संगे विजय सिन्हा के इहो कहनाम बा कि बिहार के गति देवे खातीर विशेष सहायता के बहुत जरूरत बा।

राजद सीएम नीतीश के भी सलाह दिहलस

ओने बिहार के विशेष राज्य के मांग के लेके एनडीए घटक के बीच अलग-अलग बयान के बीच राजद के वरिष्ठ नेता आ मनेर विधानसभा सीट से विधायक भाई वीरेंद्र एगो बड़ बात कहले बाड़े। भाई वीरेंद्र कहले कि ई लोग सालों से बिहार के विशेष दर्जा के मुद्दा पs नाटक करत आवतारे। हम ई एहसे कहत बानी कि जेकरा देबे के बा आ जे माँग करत बा ऊ दुनु केन्द्र सरकार में शामिल बा। वैसे ई भी हमनी के पार्टी के पुरान मांग हs। आपन विचार पेश करत घरी भाई वीरेंद्र भी नीतीश कुमार के एगो सलाह देले। भाई वीरेंद्र कहले कि जदी केंद्र सरकार बिहार के विशेष दर्जा देवे से परहेज करतिया तs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तुरंत आपन समर्थन वापस लेवे के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]