बिहार के लाल मनोज भावुक के राज्यपाल कइलें सम्मानित 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 11, 2023

विश्व स्तर पs भोजपुरी के नाम रोशन करे वाला सुप्रसिद्ध साहित्यकार मनोज भावुक के बिहार के माननीय राज्यपाल श्री राजेन्द्र विश्वनाथ आर्लेकर जलालपुर प्रखंड के हरपुर शिवालय, सारण (छपरा) में भइल एगो कार्यक्रम में ”

Share

विश्व स्तर पs भोजपुरी के नाम रोशन करे वाला सुप्रसिद्ध साहित्यकार मनोज भावुक के बिहार के माननीय राज्यपाल श्री राजेन्द्र विश्वनाथ आर्लेकर जलालपुर प्रखंड के हरपुर शिवालय, सारण (छपरा) में भइल एगो कार्यक्रम में ” राज्य गौरव सम्मान ” से सम्मानित कइलें। महामहिम मनोज भावुक के अंग वस्त्र, स्मृति चिन्ह आ प्रशस्ति पत्र देके सम्मानित कइलें।

एह अवसर पs सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल भोजपुरी फिलिम साहित्य आ वैश्विक स्तर पs भोजपुरी के प्रचार-प्रसार में मनोज भावुक के कइल गइल जोगदान से राज्यपाल महोदय के अवगत करवलें।

मनोज भावुक एगो प्रख्यात साहित्यकार, संपादक, सुप्रसिद्ध कवि आ टीवी पत्रकार हवे। लगभग एक दशक तक अफ्रीका आ यूके में बतौर इंजिनियर सेवा देला के बाद मनोज पूरा तरे मीडिया से जुड़ गइलें आ भोजपुरी के लगभग सब टेलीविजन चैनलन समेत ज़ी टीवी, टाइम्स नाउ, न्यूज 18 आदि चैनलन में वरिष्ठ पदन पs काम कइलें बाड़ें। रउआ जी टीवी के लोकप्रिय रियालिटी शो सारेगामापा (रीजनल) के प्रोजेक्ट हेड रहल बाड़ें। कइयन गो पुस्तकों के प्रणेता हवे के संगे टीवी एंकर आ अंतरराष्ट्रीय मंच संचालक हवे। ई कइयन गो फिल्मन आ धारावाहिकन में अभिनय कइलें बाड़ें। विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली आ इंग्लैंड इकाई के अध्यक्ष रहल बाड़ें। वर्तमान में हिंदी के विश्व विख्यात आलोचक नामवर सिंह के संस्था नारायणी साहित्य अकादमी के महासचिव, भोजपुरी जंक्शन पत्रिका के संपादक, अचीवर्स जंक्शन के निदेशक आ कइयन गो मीडिया ग्रुप में बतौर कंसल्टेंट सेवा दे रहल बाड़ें।

साहित्यिक-सांस्कृतिक विनिमय आ काव्य पाठ खातिर यूरोप, अफ्रीका, दुबई, मॉरिशस, नेपाल सहित कइयन देसन के यात्रा कइले बाड़ें। सिनेमा आ साहित्य के बीच एगो सेतु आ भोजपुरी सिनेमा के इनसाइक्लोपीडिया कहल जाले। हाल में इनका के फिल्मफेयर आ फेमिना द्वारा सम्मानित कइल गइल।

अलग-अलग क्षेत्रन में उत्कृष्ट काम करे वाला लोगन के सम्मान समारोह में मनोज भावुक के सम्मान भोजपुरी भाषा के सम्मान हs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.