[the_ad_group id="30365"]

बिहार:सीवान में युवक के भइल मर्डर; घर के बरामदा में सूतल रहें मनई, गटई रेत के मुआ देहले अपराधी सब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के सिसवन गांव में अपराधी सब एगो युवक के हत्या कs दिहलें सब। ऊ मंगर के अद्ध रात के घर के बरामदा पर सूतल रहनें। तब्बे अपराधी सब गटई रेत के हत्या क दिहलें सब। बुध के बिहाने लोग लाश देखल त इलाका में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोग के भीड़ लाग गइल।

ओंने, सूचना मिलतही पुलिस मौका पर पहुंच गइल। पुलिस शव के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलस। पुलिस के कहनाम बा कि हत्या के कारण के पता लगावल जा रहल बा। कुछ लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा। मामिला में आगे कार्रवाई चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]