Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार:सीवान में युवक के भइल मर्डर; घर के बरामदा में सूतल रहें मनई, गटई रेत के मुआ देहले अपराधी सब

614

सीवान के सिसवन गांव में अपराधी सब एगो युवक के हत्या कs दिहलें सब। ऊ मंगर के अद्ध रात के घर के बरामदा पर सूतल रहनें। तब्बे अपराधी सब गटई रेत के हत्या क दिहलें सब। बुध के बिहाने लोग लाश देखल त इलाका में हड़कंप मच गइल। आसपास के लोग के भीड़ लाग गइल।

ओंने, सूचना मिलतही पुलिस मौका पर पहुंच गइल। पुलिस शव के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलस। पुलिस के कहनाम बा कि हत्या के कारण के पता लगावल जा रहल बा। कुछ लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा। मामिला में आगे कार्रवाई चल रहल बा।

416820cookie-checkबिहार:सीवान में युवक के भइल मर्डर; घर के बरामदा में सूतल रहें मनई, गटई रेत के मुआ देहले अपराधी सब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.