[the_ad_group id="30365"]

Bihar Weather: पटना समेत 17 जिलन में बादल हो सकत बा मेहरबान, 27 जिलन के पारा लुढ़कल बाकिर 3 जगहन पs चली लू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल कुछ दिनन से गरमी से बेहाल लोगन के पुरवा हवा से राहत मिली। अगिला 24 घंटन के दौरान राज्य के 17 जिलन में बरखा आ मेघगर्जन के संभावना बा। एह दौरान 40-50 किमी प्रतिघंटा से हवा चली।

मौसम विज्ञान केंद्र पटना के मोताबिक एगो ट्रफ रेखा उत्तर बिहार से मध्य छत्तीसगढ़ तक फइलल बा। एकरा प्रभाव से अगिला 24 घंटन के दौरान प्रदेश के पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण, शिवहर, सीतामढ़ी, मधुबनी, सुपौल, अररिया, किशनगंज, मधेपुरा, सहरसा, पूर्णिया, कटिहार, भागलपुर, बांका, जमुई, मुंगेर आ खगड़िया में मेघ गर्जन, बिजली चमकला के संगे हलुक बरखा के पूर्वानुमान बा।

ओहिजा, पटना आ एकरा अगल-बगल के इलाकन में आंशिक रूप से बादल छाइल रहला के संगे कुछ जगहन पs हलुक बरखा के संभावना बा। बीतल 24 घंटन के दौरान पटना समेत प्रदेश के 27 जिलन के अधिकतम तापमान में आंशिक गिरावट आइल बा।

भभुआ, गया आ औरंगाबाद में चली लू

मौसम विज्ञानी संजय कुमार बतवलें कि प्री मानसून के दौरान कहीं गरमी तs कहीं बरखा के गतिविधि बनल रही। उत्तर मध्य, उत्तर पूर्व जिलन के कुछ जगहन पs मेघ गर्जन, बिजली चमकला आर 30-40 किमी प्रतिघंटा के संगे बरखा के आसार बा। ओहिजा भभुआ, गया आ औरंगाबाद में लू के प्रभाव रही।

प्रमुख शहरन के तापमान में गिरावट

पटना के अधिकतम तापमान में 2.2 डिग्री, गया में 0.6 डिग्री, औरंगाबाद में 0.3 डिग्री, डेहरी में 0.4 डिग्री, नवादा में 1.2 डिग्री, जमुई 0.8 डिग्री, बांका में 4.7 डिग्री, भागलपुर में 2.8 डिग्री, बेगूसराय में 2.1 डिग्री, वैशाली में 1.7 डिग्री तापमान में गिरावट दर्ज कइल गइल।

ओहिजा, छपरा में 0.5 डिग्री, मुजफ्फरपुर में 1.8 डिग्री, मोतिहारी में 4.7 डिग्री, दरभंगा में 2 डिग्री, सुपौल में 2.3 डिग्री, अररिया में 2.5 डिग्री, पूर्णिया में 3.3 डिग्री, सबौर में 4.2 डिग्री सेल्सियस गिरावट दर्ज कइल गइल।

भागलपुर में छाइल रही बादल

भागलपुर में 18 से 21 मई के बीच हलुका बादल छाइल रहला के संभावना बा। एह दौरान ‍19 से 21 मई के बीच हलुका बरखा भा बूंदाबांदी होखे के संभावना बा। एह दौरान पुरवा हवा चली। हवा के औसत गति 12 से 16 किलोमीटर प्रति घंटा रह सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]