बिहार में मौसम विभाग के अलर्ट: 60 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चली हवा, गरज आ वज्रपात के संगे बरखा के आसार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2022

बिहार में प्राकृतिक आपदा के बड़ खतरा ब । मौसम विभाग उत्तर बिहार के लेके अलर्ट कइले बा। मौसम विभाग प्रभावित इलाकन में लोगन से पक्का मकान में रहे के चेतावनी देले बा। विभाग के

Share

बिहार में प्राकृतिक आपदा के बड़ खतरा ब । मौसम विभाग उत्तर बिहार के लेके अलर्ट कइले बा। मौसम विभाग प्रभावित इलाकन में लोगन से पक्का मकान में रहे के चेतावनी देले बा। विभाग के कहनाम बा कि 60 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से चले आला हवा से बड़ घटना हो सकत बा।  ऊंच पेड़ आ बिजली के खंभा खतरा बन सकत बा।

मौसम विभाग के मुताबिक, अइसन सिस्टम बन रहल बा, जवन तेज हवा के बड़ कारण ब । विभाग के मोताबिक, राज्य के कव गो इलाकन में 40 से 60 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चल सकत बा। ई बहुते खतरनाक इस्थिति हाेई। मौसम विभाग के मोताबिक सनिचर के साँझ से लेके अतवार के भोर ले पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, शिवहर, सीमामढ़ी, मधुबनी, सुपौल, अररिया, पूर्णिया आ  किशनगंज में 40 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चली आ गरज के संगे वज्रपातो के बड़ खतरा बा।

मौसम विभाग के कहनाम बा कि कई जिलन में वज्रपात आ बरखा के संभावना के बीचे उत्तरी बिहार के जिलन में बहुते तेज हवा चली। एकर रफ्तार 60 किमी तक हो सकत बा। मौसम विभाग के संभावना बा कि एह क्षेत्रन में मेघ गर्जन के संगे बरखा होई। मौसम विभाग के कहनाम बा कि राज्य के दखिन भाग में दखिन  तेज हवा चले के संभावना बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.