[the_ad_group id="30365"]

बिहार: गोपालगंज में टीचर के बेटा रचलस खुद के अपहरण के साजिश, दोस्त के साथे यूपी से गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के गोपालगंज जिला में एगो शिक्षक के बेटा खुद के अपहरण करे के साजिश रच के एक लाख रुपया के मांग कइलस। पुलिस 24 घंटा के भीतर मामला के सुलझा लिहलस आ ओकरा के अउरी ओकरा दोस्त के गिरफ्तार कऽ लेलस। पिता एकरा से पहिले फिरौती के तौर पs 10 हजार रुपया के हस्तांतरण कइले रहले।

गोपालगंज के एगो सरकारी स्कूल के शिक्षक के बेटा पइसा खातिर खुद के अपहरण करे के साजिश रचलस। 14 अगस्त के हेमंत कुमार मांझी नाम के इ लइका अपना दोस्त राजन कुमार के संगे अपहरण के नाटक कइलस आ अपना पिता से एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइलस। संगही, पिता अपना बेटा के सुरक्षा खातिर अपहरण करेवाला के ओर से दिहल खाता में 10 हजार रुपियो भेज देले। 24 घंटा के भीतर पुलिस एह फर्जी अपहरण केस के पर्दाफाश कऽ के दुनो दोस्त के यूपी के देवरिया से गिरफ्तार कऽ लेलस।

जगदीशपुर गांव के मामला

इ मामला गोपालगंज जिला के विजयपुर थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गांव से जुड़ल बा। पीड़िता के पिता अशोक कुमार मांझी विजयपुर के सरुपाई मिडिल स्कूल में शिक्षक हउवे। 14 अगस्त के जब उऽ स्कूल से घरे पहुंचले तऽ उनुकर बेटा हेमंत घर में ना रहे। हेमंत स्कूल से घर खातिर निकलल रहले बाकिर घरे ना पहुंचल। कुछ समय बाद अशोक कुमार मांझी के फोन आइल तऽ फोन करेवाला बतवले कि उनकर बेटा हेमंत के अपहरण हो गइल बा। अपहरण करेवाला एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइले अवरू पईसा भेजे खाती खाता नंबरो देले।

एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइल गइल

अपना बेटा के सुरक्षा खाती अशोक कुमार मांझी तुरंत अपहरणकर्ता के खाता में 10 हजार रुपया ट्रांसफर कऽ के विजयपुर थाना में अपहरण के रिपोर्ट दर्ज करवले। मामला के गंभीरता देख के गोपालगंज के एसपी तुरंत एसआईटी के गठन कइले। एसआईटी तुरंत जांच शुरू कऽ देलस आ 24 घंटा के भीतर यूपी के देवरिया से हेमंत आ दोस्त राजन के गिरफ्तार कऽ लेलस।

छात्र आ ओकर दोस्त गिरफ्तार : एसडीपीओ

एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता कहले कि, अपहरण भओल हेमंत कुमार मांझी खुद के अपहरण करे के साजिश रचले रहले। उऽ अपना पिता से पइसा के मांग करत रहे। एकरा खाती उऽ खुद के अपहरण करे के साजिश रच के एक लाख रुपया के मांग कइलस। एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता आगे कहले कि, ‘हेमंत के दोस्त राजन कुमार झूठा अपहरण के साजिश में सहयोगी रहे। ए मामला में पुलिस दू गो मोबाइल फोन आ उऽ सिम कार्ड बरामद कइले बिया, जवना से फिरौती के मांग कइल गइल रहे। पुलिस आगे के कार्रवाई करतिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]