[the_ad_group id="30365"]

Bihar Teacher News: दानापुर में गंगा नदी में डूबले बीपीएससी शिक्षक, दु गो नाव के टक्कर से भइल बड़ हादसा; मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Teacher News: बिहार के राजधानी पटना के दानापुर में गंगा नदी में डूबे के चलते बीपीएससी के एगो शिक्षक के आज मौत हो गइल। बीपीएससी के शिक्षक अविनाश कुमार नाव से गंगा नदी पार क के स्कूल में पढ़ावे जात रहले, बाकिर पीछे से एगो दोसर नाव टक्कर मार दिहलस, जवना के बाद हंगामा मच गइल। पटना के डीएम चंद्रशेखर सिंह एसडीआरएफ के टीम भेजले बाड़े।

दानापुर के गंगा नदी के नासरीगंज घाट से स्कूल जाए वाला बीपीएससी के शिक्षक अविनाश कुमार गंगा नदी में डूब गइले। जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। उ दियारा के छोटा कासिमचक में इस्थित अपग्रेड मिडिल स्कूल के शिक्षक रहले।

पटना के सार्थुआ टोप निवासी रामकरण प्रसाद के बेटा अविनाश के संगे रहेवाला शिक्षक के कहनाम बा कि नदी में गिरला के बाद उत लोग हल्ला मचवले बाकिर घाट पs मौजूद नाविक ओ लोग के बचावे के कोशिश तक ना कइले।

साथी शिक्षक लोग के कहनाम बा कि नाव पs आपन बाइक रखला के बाद अविनाश खुद बाइक पs बइठल रहले कि पीछे से नाव उनुका नाव से टकरा गइल। एकरा चलते अविनाश नदी में गिर के डूब गइल।

घटना के जानकारी मिलते पटना के डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह एसडीआरएफ के टीम के घटना स्थल पs भेज देले। नदी में शिक्षक के तलाशी लिहल जाता। दानापुर के एसडीओ आ एएसपी के भी डीएम के ओर से मौका पs जाए के निर्देश दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]