[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : बिहार में भ्रष्ट इंजीनियर पs SVU के छापा, आय से जादे संपत्ति के जांच जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार में भ्रष्टाचार के खिलाफ कार्रवाई तेज हो गइल बा। एह क्रम में विशेष निगरानी इकाई (SVU) एगो बड़ अधिकारी पs शिकंजा कसले बा।

शहरी विकास आ आवास विभाग में काम करे वाला एग्जीक्यूटिव इंजीनियर (मैकेनिकल) राजीव कुमार के खिलाफ आय से जादे संपत्ति बनावे के गंभीर आरोप में कांड संख्या-15/2026 दर्ज कइल गइल बा।

निगरानी इकाई के अनुसार, आरोपी अधिकारी सरकारी पद पs रहत अपना अधिकार के गलत इस्तेमाल कइलें आ सुनियोजित तरीका से अवैध संपत्ति जमा कइलें।

जांच में ई बात सामने आइल बा कि राजीव कुमार अपना ज्ञात वैध आमदनी से कहीं जादे, करीब 1 करोड़ 10 लाख 24 हजार 271 रुपिया के संपत्ति बनवले बाड़ें, जवन साफ तौर पs भ्रष्टाचार के संकेत देत बा।

भ्रष्टाचार निवारण अधिनियम, 1988 (संशोधित 2018) के धारा 13(1)(b), 13(2) आ 12 के तहत ममिला दर्ज होखतही निगरानी टीम कार्रवाई तेज कs देलस।

विशेष न्यायाधीश, निगरानी, पटना के जारी तलाशी वारंट के आधार पs आज सबेरे से पटना में आरोपी के कइयन गो ठिकानन पs एक संगे छापेमारी चल रहल बा।

निगरानी टीम हर दस्तावेज, संपत्ति आ लेन-देन के बारीकी से जांच करत बिया। सुरुआती संकेत बतावत बा कि ममिला आउर बड़ हो सकेला आ आगे कइयन गाे चउकावे वाला खुलासा होखे के संभावना बा।

एह प्रमुख जगहन पs जारी बा छापेमारी

  • रामनगरी रोड इस्थित गृहम अपार्टमेंट के वेस्ट ब्लॉक में फ्लैट नंबर B-202
  • खगौल रोड, दानापुर इस्थित लैंडमार्क गोल्ड में फ्लैट नंबर 807
  • पंत भवन, छठी मंजिल इस्थित दफ्तर (प्रोक्योरमेंट एंड क्वालिटी कंट्रोल)

Read Also: Big Relief :  अब एक महीना आउर रूस से तेल किने के मवका, ट्रंप प्रशासन बढ़वलस छूट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]