[the_ad_group id="30365"]

बिहार: बगैर बेहोश कइले क देहल गइल नसबंदी, दर्द से तड़प के रह गइली महिला सब खगड़िया में लापरवाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के खगड़िया से नसबंदी के पहिलही बलुक ओकरे बाद महिला सब के एनेस्थीसिया दिहल गइल। सर्जरी के पहिले बेहोशी के दवा नाइ दिहल गइले से उनके भारी परेशानी भइल। ऊ दर्द से तड़पत रहली लोग।
पीड़ित महिला पी कुमारी आरोप लगवली कि ऑपरेशन के दौरान नाइ, बलुक बाद में एनेस्थीसिया दिहल गइल। एसे उनके बहुत दर्द भइल। मामला सोझे अइले के बाद सिविल सर्जन डॉ. ए. झा कहलें कि जांच करावल जाई। एकरे बाद कार्रवाई होई।
ई घटना खगड़िया जिला के अलौली प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में परिवार नियोजन शिविर के दौरान भइल। डॉक्टर सब महिला लोग के बेहोशी के दवा दिहले बिना ही नसबंदी कs दिहलें। एह दौरान महिलाएं दर्द से कराहत रहली, लेकिन उनकर केहू नाइ सुनल। कुछ महिला लोग के आरोप बा कि डॉक्टर भी उहां मौजूद नाइ बानें, स्वास्थ्यकर्मी लोग ही सर्जरी कइलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]