[the_ad_group id="30365"]

Bihar Smart Bijli Meter: अइसन गलती भुलाइयो के जन करीं, ना तऽ जुड़ते कट जाई घर के बिजली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Bijli Meter News स्मार्ट मीटर प्रीपेड में पैसा समाप्त होखला पs खुदे बिजली कट जाई। उपभोक्ता के एकरा खातिर बिजली कंपनी के नोटिस देवे के आवश्यकतो नइखे। उपभोक्ता लो के एकरा खातिर खुदे जागरूक होखे के पड़ी ताकि मीटर के पइसा समाप्त ना होखे। जदि उपभोक्ता स्मार्ट प्रीपेड मीटर लगावे से इनकार कइले तऽ घर के बिजली कट जाई।

सब विद्युत उपभोक्ता के घरन में स्मार्ट मीटर लागी। जवन उपभोक्ता मीटर लगावे के विरोध करिहें, उनकर बिजली कनेक्शन काट दिहल जाई। विद्युत विभाग के सहायक अभियंता राज कुमार कहले कि उपभोक्ता द्वारा बिजली के काम में बाधा पहुंचावे पs कनेक्शन काटल जा सकत बा।

उऽ बतवले कि बिजली कंपनी स्मार्ट मीटर लगावे खातिर पूरा तरह से स्वतंत्र बिया। कंपनी के नया मीटर लगावे खातिर उपभोक्ता से सहमति लेवे के आवश्यकता नइखे। विद्युत मंत्रालय एह संबंध में आदेश जारी कऽ देले बा।

एसडीओ के अनुसार संझौली में कुल 9413 उपभोक्ता बाड़े, जिनका घर में स्मार्ट मीटर लगावे के काम चल रहल बा। एकरा अलावा दिनारा में 15565, दावथ में 11003 आ सूर्यपुरा में 8085  उपभोक्ता बाड़े। अब शहरी क्षेत्रन में मीटर लगावल जा रहल बा। अब ग्रामीण इलाकन में मीटर लागे के काम शुरू बा। स्मार्ट मीटर लगावे के पीछे बिजली चोरी के रोकल आ राजस्व घाटा से निजात पावल उद्देश्य बा।

संझौली: 30 मई ले शिविर में सुधार होई गलत बिल

दोषपूर्ण विद्युत विपत्र सुधार करे आ मीटर संबंधी शिकायतन के त्वरित निष्पादन के लेके 30 मई ले शिविर के आयोजन कइल गइल बा। विद्युत विपत्र में त्रुटि मुख्य रूप से गलत रीडिंग, एकमुश्त रीडिंग, गलत औसत, खराब मीटर आ आउर कारनन से होला, जिससे उपभोक्ता चाहियो के विपत्र के भुगतान नइखन कर पावत।

विभाग के एसडीओ राजकुमार के अनुसार शिविर में प्राप्त शिकायत के संबंध में ई प्रयास बा कि ओहिजा अधिकाधिक नियमानुसार सुधार होखे। जवना के सुधार कैंप स्थल पs संभव नइखे, ओकर विपत्र निरीक्षण के पश्चात अधिकतम सात दिन के भीतर सुधार करे खातिर उपभोक्ता के हस्तगत करा दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]