[the_ad_group id="30365"]

सीवान में पुलिस टीम प हमला: शराब माफिया के पकड़े गइल रहे लो, थानेदार समेत 5 पुलिसकर्मी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान जिला में शराब माफिया के पकड़े गइल पुलिस टीम प शराब माफिया के परिवार वाला लोग अचानके हमला बोल दिहल। घटना में थानेदार सहित कुल 5 पुलिसकर्मी गंभीर रूप से जख्मी हो गइल लो। ममिला जिला के पचरुखी थाना क्षेत्र के मंदिरापाली गांव के ह। बता दीं कि एह घटना में सब जख्मी पुलिसकर्मियन के इलाज खातिर पचरुखी सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गइल बा। घटना अतवार के रात करीब 8:40 बजे के बतावल जा रहल बा।

पचरुखी थानाध्यक्ष ददन सिंह बतवले कि मंदिरापाली गांव निवासी सत्येंद्र यादव उर्फ छोटन यादव शराब के कारोबार करेला। एकरा पहिलहू ओकरा प शराब बेचे के तीन गो ममिला दर्ज बा। ओकर गिरफ्तारी खातिर पुलिस मंदिरापाली ओकरा घरे पहुंचल रहे।

थानाध्यक्ष बतवले कि जइसही पुलिस के गाड़ी ओकरा दुआरी के सोझा पहुंचल। एही दौरान पुलिस के देखतही लाठी-डंडा लेके कइयन गो लोग उनका ऊपर हमला क दिहल। एतने ना पुलिस प हमला करे में महरारूओ लोग शामिल रहे। लोग छतन से ईटा पत्थर फेंके लागल। थानेदार बतवले कि जवन लोग ओह लोग के ऊपर हमला कइल। ऊ ओहि शराब कारोबारी के परिवार के लोग रहे। थानेदार बतवले कि शराब कारोबारियन द्वारा उनकर चौकीदार कमलदीप मांझी के बेरहमी से पीटल गइल बा।

पुलिस के गाड़ी के कइल गइल क्षतिग्रस्त

शराब कारोबारी के पकड़े पहुंचल पुलिस के जिप्सी गाड़ी के शराब कारोबारियन के परिजन ईंट-पत्थर आ लाठी-डंडन से हमला क के क्षतिग्रस्त क दिहले। ओइसे, ई पहिला घटना ना ह। एकरा पहिलहू शराब कारोबारी कइयन बेर पुलिसकर्मियन पह मला बोल चुकल बाड़े स।

छापेमारी के दौरान एह पुलिसकर्मियन प भइल हमला

शराब माफिया के पकड़े पहुंचल पुलिस के टीम प हमला के बाद थानाध्यक्ष ददन सिंह, सिपाही संजीव कुमार, हवलदार सुनील कुमार, चालक कृष्णा पासवान समेत एगो आउर एगो सिपाही घायल बा लो। घटना के संबंध में थानाध्यक्ष ददन सिंह बतवले कि पुलिस प हमला कइला के ममिला में शराब माफिया सत्येंद्र यादव उर्फ छोटन यादव सहित कइयन लोगन प FIR दर्ज कइल गइल बा।

छानबीन में जुटी पुलिस।

साभार: भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]