RSS के जइसन बा PFI, जब-जब भारत के सुरक्षा खातिर खतरनाक लोग पकड़ गइल बा, ऊ सभे हिंदू रहे: बिहार राजद प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के विवादित बोल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 23, 2022

बिहार में लालू प्रसाद यादव के राष्ट्रीय जनता दल के बिहार प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह आरएसएस के लेके विवादित बयान देले बाड़े। आरजेडी नेता जगदानंद सिंह कुछ दिन से सुर्खियन में बनल पीएफआई संगठन के

Share

बिहार में लालू प्रसाद यादव के राष्ट्रीय जनता दल के बिहार प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह आरएसएस के लेके विवादित बयान देले बाड़े। आरजेडी नेता जगदानंद सिंह कुछ दिन से सुर्खियन में बनल पीएफआई संगठन के आरएसएस जइसन बतवले बाड़े। जगदानंद सिंह कहले कि पीएफआई मेंबरो अपना समुदाय खातिर कुछ करे के चाहते बा लो बाकिर ओह लो के एंटी नेशनल काहे बोलावल जा रहल बा। जगदानंद सिंह ने आगे कहले कि जब-जब भारत के सुरक्षा खातिर खतरनाक लोग पकड़ल गइल पाकिस्तानी एजेंट के रूप में ऊ सभे आरएसएस आ हिंदू लोग रहे।

ओहिजा जगदानंद सिंह कहले कि ई लोग तs नमाजियन के आ दाढ़ी वालन के मुसलमान समझके काट रहल बा लो। राजद प्रदेश अध्यक्ष आगे कहले कि ई लोग अपना लोगन के, अपना कैडर से मॉल में नमाज पढ़वाके खड़ा कs रहल बा लो कि मॉल में नमाजी आ गइल बा लो। (बता दीं कि जगदानंद सिंह ई बयान लखनऊ के लुलु मॉल के विवाद से जोड़के दिहल गइल बा।)

जगदानंद सिंह के बयान पs बीजेपीयो आपन प्रतिक्रिया देले बिया। भाजपा प्रवक्ता नाजिया इलाही खाने एगो हिंदी अखबार से बात करत कहले कि राजद के जवन कवनो नेता ई बात कहले, ऊ खुद कवनो ना कवनो अपराध में शामिल बाड़े। एहिसे बांचे खातिर अइसन बयान दे रहल बाड़ें। बीजेपी प्रवक्ता आगे कहले कि अपना भ्रष्टाचार के छिपावे खातिर ऊ ई असंवैधानिक बयान देले बाड़ें।

साभार: हिंदुस्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.