Bihar Politics : राजद के बड़ झटका… तेजस्वी के संगे छोड़के भाजपा में सामिल भइलें दुगो विधायक, गया में पीएम के संगे मंच पs दिखल लो 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2025

पटना। राजद के दुगो विधायक तेजस्वी यादव के संगे छोड़ देले बा लाेग आ भाजपा के दामन थाम लेले बा लोग। ई दुनो विधायक नवादा से विधायक विभा देवी आ रजौली से विधायक प्रकाश वीर

Share

पटना। राजद के दुगो विधायक तेजस्वी यादव के संगे छोड़ देले बा लाेग आ भाजपा के दामन थाम लेले बा लोग। ई दुनो विधायक नवादा से विधायक विभा देवी आ रजौली से विधायक प्रकाश वीर हs लोग, जे पीएम मोदी के गया में आयोजित सभा में भाजपा के मंच पs मवजूद रहे लोग।

बता दीं कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज बिहार के दौरा पs अइलें। इहां पीएम मोदी गयाजी जिला के बोधगया इस्थित मगध विश्वविद्यालय परिसर से जनसभा के संबोधित कइलें। एह दौरान उ बिहार के करीब 13 हजार करोड़ रुपिया के विकास परियोजनन के तोहफा देले। एह मवका पs बिहार के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आ एनडीए के कइयन गो नेता मवजूद रहे लोग।

नवादा से राष्ट्रीय जनता दल के विधायक विभा देवी हई जे दुष्कर्म पीड़ित राजवल्लभ प्रसाद यादव के पत्नी हs। राजवल्लभ यादव हाले में जेल से बाहर आइल बाड़ें आ रजौली से विधायक प्रकाश वीर मंच पs बाड़ें।

Read Also : बिहार में EOU के बड़ कार्रवाई, अवर निबंधक विनय सौरभ के कइयन गो ठिकानन पs छापेमारी; जानीं का-का मिलल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.