[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: देर रात के लालू आ तेजस्वी से मिले पहुंचले पप्पू यादव, सीट शेयरिंग से पहिले सियासी अटकल तेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar News जन अधिकार पार्टी के प्रमुख पप्पू यादव (Pappu Yadav) मंगर के देर रात राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव आ पार्टी नेता तेजस्वी यादव से मिले बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के आवास पहुंचल रहलें। सूत्रन के मोताबिक ई मुलाकात सीट बंटवारा के लेके रहें। हालांकि अबहीं एपर आधिकारिक बयान आवल बाकी बा। पप्पू यादव पूर्णिया में लगातार सभा कर रहल बाड़े आ एनडीए पऽ हमला बोल रहल बाड़े।

Bihar Political News Hindi: जन अधिकार पार्टी के प्रमुख पप्पू यादव (Pappu Yadav) मंगर के देर रात राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव आ पार्टी नेता तेजस्वी यादव से मिले बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के आवास पहुंचले। सूत्रन के मोताबिक, ई मुलाकात सीट बंटवारा के लेके रहें। हालांकि, अबहीं एपर आधिकारिक बयान आवल बाकी बा ।

पप्पू यादव पोस्ट कर के देले जानकारी

पप्पू यादव आपन एक्स हैंडल पऽ पोस्ट करत लिखले कि आज अभिभावक पितातुल्य आदरणीय लालू जी, माननीय नेता प्रतिपक्ष भाई तेजस्वी जी के साथे पारिवारिक माहौल में मुलाकात भइल। मिलकर बिहार में बीजेपी के जीरो पर आउट करे के रणनीति पऽ चर्चा भइल। बिहार में INDIA गठबंधन के मजबूती, सीमांचल, कोसी, मिथिलांचल में 100% सफलता लक्ष्य बा।

पप्पू यादव पूर्णिया से लड़ सकत बाड़े चुनाव

बता दी कि पप्पू यादव (Pappu Yadav) पूर्णिया में लगातार सभा कर रहल बाड़े आ एनडीए पऽ हमला बोल रहल बाड़े। हालांकि, अबहीं ले उऽ चुनाव लड़े पऽ खुल के नइखन कहले। बाकिर, उऽ महागठबंधन से एगो सीट के मांग कर रहल बाड़े , अब देखे वाला बात होई कि लालू आ तेजस्वी उनका मांग के पूरा करत बाड़े भा ना।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]