[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: महागठबंधन में शामिल भइलें मुकेश सहनी, RJD के साथे ए 3 गो सीटन पऽ फाइनल भइल डील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics तेजस्वी यादव आ मुकेश सहनी के बीच सीट शेयरिंग के लेकर डील फाइनल हो गइल बा। वीआईपी महागठबंधन में तीन सीटन पऽ चुनाव लड़ी। तेजस्वी यादव राजद के हिस्सा के तीन सीट  गोपालगंज, झंझारपुर आ मोतिहारी के वीआईपी के दे देले बाड़े। तेजस्वी यादव मुकेश सहनी के साथे प्रेस कॉन्फ्रेंस कर के ए बारे में जानकारी देले बाड़े।

बीतल कुछ महीना से चल रहल अनिश्चितता के बीच अंत में राष्ट्रीय जनता दल निषाद आरक्षण के मुद्दा उठावे वाला विकासशील इंसान पार्टी के तीन गो सीट देवे के फैसला कर लेले बिया। वीआईपी के गोपालगंज, मोतिहारी आ झंझारपुर सीट दे दिहल गइल बा।

शुक के राजद कार्यालय में आयोजित संयुक्त प्रेस कॉन्फ्रेंस में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव सहनी के देवे जाए वाली सीटन के एलान कइले।

विस चुनावों में जारी रही गठबंधन

शुक के राजद कार्यालय में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुकेश सहनी के मौजूदगी में वीआईपी के देवे जाए वाला सीटन के घोषणा कइले। तेजस्वी कहलें लोकसभा चुनाव खातिर भइल हमनीं के ई गठबंधन विधानसभा चुनावो में जारी रहीं।

एही क्रम में नेता प्रतिपक्ष केंद्र के मोदी सरकार पऽ जम के हमला बोलले।

उऽ कहले –

ई सरकार देश मे संविधान खत्म कर के तानाशाही लिआवे के चाहत बिया।

एनडीए के साथे ना बन पाइल रहें बात

बता दी कि मुकेश सहनी लोकसभा चुनाव के गतिविधि शुरू होखे के पहिले से लगातार राजनीतिक दलन के साथे संपर्क बना के चलत रहलें।

एनडीए गठबंधन में बात ना बनल तऽ महागठबंधन के साथे उऽ बात शुरू कइले। बाकिर सीटन के लेके बात ना बनत रहें। बाकिर अंत में आज सहनी के मांग पूरा भइल आ उनकर पार्टी तीन सीट पऽ बिहार में लोकसभा चुनाव लड़ी।

इहो खबर पढ़ी – काहे कंफ्यूज बाड़े Akhilesh Yadav? अबहीं ले टिकट में उलझल सपा, नमांकन होखला के बादो काट देलस इनकर टिकट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]