[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: ‘सबसे बेसी कानून तूड़े वाला नेता हउअन लालू यादव’, RJD सुप्रीमो के कवना बात पऽ भड़क गइले सम्राट चौधरी?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics: बिहार भाजपा प्रदेश अध्यक्ष आ उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी कहले कि लालू यादव बिहार में अपराधियन के प्रतीक बाड़न। सम्राट कहले कि लालू यादव एगो अइसन नेता हउअन जेकरा अपना अपराध खातिर सजा भइल बा। सम्राट कहले कि राजद खातिर आरक्षण के माने बेटा-बेटी होला बाकिर हमनी खातिर पूरा समाज बा।

लालू के संविधान बचावे वाला बयान के लेके सम्राट चौधरी कहले कि ई बात उऽ लोग कर रहल बा, जे सबसे बेसी कानून तूड़ले बा। उऽ लोग कहत बा कि मोदी अइहे तऽ संविधान खत्म हो जाई। जबकि प्रधानमंत्री कहत बाड़े कि देश के संविधान उनका खातिर गीता आ रामायण खानी बा। राजद खातिर आरक्षण के माने बेटा-बेटी होला बाकिर हमनी खातिर पूरा समाज हऽ।

तेजस्वी यादव के दावा पऽ कइले अटैक

नेता प्रतिपक्ष के निशाने पs लेत सम्राट चौधरी कहले कि 17 महीने में तेजस्वी जवना विभाग के मंत्री रहले ओमें एको वैकेंसी ना निकलल। शिक्षा विभाग में हमनीं के लोग शिक्षकन के बहाली कइलस उनका सरकार में कवनो काम नइखे भइल।

सम्राट चौधरी इहो कहले कि 2021 में हमनी जवन वैकेंसी क्रिएट कइले रही सन, ओकरे आधार पs बहाली भइल आ ओपर ई दावा कर रहल बाड़े। तेजस्वी के माता-पिता बिहार पs 15 वर्ष राज कइले बाकिर एको लाख लोग के नौकरी ना दे पवले। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार 7.50 लाख लोगन के नौकरी देले बाड़े।

तेजस्वी के विभाग में ना  निकलल एको वैकेंसी: सम्राट

चौधरी कहले तेजस्वी यादव खाली नौकरी के बात कर रहल बाड़े, बाकिर उनका लगे पर्यटन, स्वास्थ्य, नगर विकास, पथ निर्माण जइसन पांच गो विभाग रहे, एमें एको वेकेंसी नइखे निकलल। मुख्यमंत्री नीतीश वर्ष 2025 ले 10 लाख नौकरी आ 10 लाख रोजगार देवे के वादा कइले रहले। अब तऽ रोजगार खातिर 94 लाख लोगन के दू – दू लाख रूपियो दिहल जा रहल बा।

ई नेता लो रहे मौजूद

प्रेसवार्ता में प्रदेश भाजपा के महामंत्री जगन्नाथ ठाकुर, राजेश वर्मा, विधान पार्षद अनिल शर्मा, राष्ट्रीय प्रवक्ता गुरु प्रकाश आ प्रदेश मीडिया संयोजक दानिश इकबाल उपस्थित रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]