[the_ad_group id="30365"]

Bihar Police Bharti: सिपाही बहाली में 30 फीसदी से कम अंक वाला होइहें फेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार पुलिस में 21391 सिपाही बहाली के लिखित परीक्षा के रिजल्ट के उम्मीदवार बेसब्री से इंतजार करतारे। एह महीना के आखिर ले एकर रिजल्ट आवे के उमेद बा। केन्द्रीय चयन बोर्ड (हवलदार भर्ती) कुल विज्ञापित रिक्ति के आरक्षण श्रेणी के हिसाब से पांच गुना उम्मीदवार के नतीजा तइयार करे में व्यस्त बा।

30 प्रतिशत से कम अंक वाला फेल हो जइहें।

सिपाही बहाली के परीक्षा अगस्त 2024 में छह चरण में होखे के योजना रहे। एह परीक्षा में कुल 18 लाख आवेदक के मुक़ाबले करीब 12.5 लाख परीक्षार्थी भाग लेले रहले। एह लिखित परीक्षा में 30 प्रतिशत से कम अंक पावे वाला उम्मीदवार के दूसरा चरण के शारीरिक दक्षता परीक्षा में अपने आप असफल घोषित कऽ दिहल जाई। सफल उम्मीदवारन के चयन मेरिट लिस्ट का आधार पर कइल जाई।

दूसरा चरण के तइयारी रिजल्ट के बाद शुरू होई।

जानकारी के मुताबिक अक्टूबर के अंत तक रिजल्ट प्रकाशित हो सकऽता। एकरा बाद शारीरिक दक्षता परीक्षण के दूसरा चरण के तइयारी शुरू हो जाई। एकरा खातिर चुनल उम्मीदवारन के कम से कम एक महीना के समय मिली। राजधानी पटना के केंद्र में दिसंबर महीना में शारीरिक दक्षता के परीक्षण कइल जा सकऽता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]