[the_ad_group id="30365"]

Bihar Police Promotion: बिहार पुलिस के हजारन कर्मचारियन आ अफसरन के मिलल प्रमोशन के तोहफा, पोस्ट के संगे सैलरियो बढ़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Police Promotion: बिहार पुलिस के 14 हजार 361 कर्मियन आ पदाधिकारियन के आठ जनवरी तक वेतनमान के संगे उच्चतर कार्यकारी प्रभार दिहल गइल बा। एमे 905 के इंस्पेक्टर, 4826 के दारोगा, 2893 के सहायक अवर निरीक्षक, 1651 के हवलदार आदि में उच्चतर प्रभार मिलल बा।

एकरा अलावे, बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस, वितंतु, परिवहन इंस्पेक्टर से लेके हवलदार तक आ चालक संवर्ग आदि में बड़ संख्या में उच्चतर प्रभार दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय के अनुसार, अब खाली परिचारी आ लिपिक संवर्ग वर्ग में कार्यकारी प्रभार दिहल जाए के बाकी बा, जवन प्रक्रियाधीन बा। डीएसपी के पद पs उच्चतर प्रभार दिहल गइला के ममिला गृह विभाग के स्तर पs लंबित बा।

आठ ट्रेनी आइपीएस अधिकारियन के बेवहारिक प्रशिक्षण सुरू

बिहार कैडर के वर्ष 2021 आ 2022 बैच के आठ ट्रेनी आईपीएस अधिकारियन के बेवहारिक प्रशिक्षण सोमार से सुरू हो गइल। सहायक पुलिस अधीक्षक के रूप में आठ आईपीएस अधिकारी 30 सप्ताह के प्रशिक्षण प्राप्त करी  लो। एह दौरान 12 सप्ताह ऊ लोग ग्रामीण थाना के स्वतंत्र प्रभार के रूप में रही लो।

पुलिस मुख्यालय के स्तर से सब आठ आईपीएस अधिकारियन के जिला आवंटन कs दिहल गइल बा। भावरे दीक्षा अरुण के पटना, मोहिबुल्लाह अंसारी के सारण, कोटा किरण कुमार के मुजफ्फरपुर, शैलेंद्र सिंह के मुंगेर, अतुलेश झा के पूर्णिया, अभिनव के भागलपुर, दिव्यांजली जायसवाल के नालंदा आ शिवम धाकड़ के गया जिला आवंटित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]