[the_ad_group id="30365"]

राजद बिहार विधान परिषद चुनाव खातिर उम्मीदवारन के नाम के कइलस ऐलान, जानीं केकरा के बनवलस प्रत्याशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधान परिषद के रिक्त होखे आला सात सीट पs राजद कावर से एकतरफा तीन प्रत्याशियन के नाम के घोषणा कs दिहल गइल बा। पार्टी कारी सोहैब, मुन्नी रजक आ अशोक कुमार पांडेय के आपन प्रत्याशी बनवलस। बिहार विधान परिषद के सात सीट पs चुनाव होखे के बा। एही के लेके एह उम्मीदवारन के घोषणा कइल गइल बा।

21 जुलाई के समाप्त हो रहल बा कार्यकाल

मालूम होखे कि विधान परिषद के सात सदस्यन के कार्यकाल 21 जुलाई के समाप्त हो रहल बा। एमे भाजपा के अर्जुन सहनी, जदयू के मो कमर आलम, जदयू के गुलाम रसूल, जदयू के रोजिना नाजिश, जदयू के रण विजय कुमार सिंह, जदयू के सीपी सिन्हा उर्फ चंदेश्वर प्रसाद सिन्हा आ वीआईपी के मुकेश सहनी के कार्यकाल ओरा रहल बा। 6 सीट एनडीए के खाली हो रहल बा, जबकि एगो सीट मुकेश सहनी आला खाली हो रहल बा।

राजद द्वारा जारी कइल गइल उम्मीदवारन के सूची

मुन्नी रजक के टिकट

एह संबंध में राजद ट्वीट करत लिखलस कि महिला सशक्तिकरण आ सामाजिक न्याय के संदेश अपना एके डेग से खाली ग़रीबन के मसीहा आदरणीय लालू प्रसाद जी ही दे सकत बानी। दूसरा के कपडा धो के, इस्त्री करे आला कमज़ोर वर्ग के महिला श्रीमती मुन्नी रजक के विधान परिषद में जाके ग़रीबन के आवाज़ उठवला के सुअवसर खाली आ खाली राष्ट्रीय जनता दले दे सकत बा। एकरा ला माननीय नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव सहित संपूर्ण राजद परिवार के बहुत बहुत साधुवाद।

बिहार विधान परिषद के सात सीट पs चुनाव

बता दीं बिहार विधान परिषद के सात सीट पs चुनाव होखे के बा। एकरा खातिर 2 जून से नामांकन शुरू हो जाई आ 9 जून ले ई नामांकन हो सकी। ओहिजा 10 जून के नामांकन पत्रन के  जांच होई। 13 जून तक नामांकन वापस लिहाल जा सकी। 20 जून के मतदान होई आ ओहि दिन रिजल्ट जारी कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]