Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान के 4 संदिग्ध युवकन के आतंकी कनेक्शन!:जैश-ए-मोहम्मद के आतंकियन के संपर्क में रहने; NIA खंगाल रहल बिया रिकॉर्ड

918

सीवान के चार युवकन के आतंकी कनेक्शन सामने आइल बा। केंद्रीय गृह मंत्रालय  राज्य के पत्र लिखके चारों संदिग्धन के बारे में जानकारी देहलस। पत्र में बतावल गइल बा कि ई सब जैश-ए-मोहम्मद अउरी लश्कर-ए-मुस्तफा खातिर काम करत रहने। 5 दिन में एह सबन के जांच के रिपोर्ट देवे के कहल गइल बा।

मंगलवार के सीवान SP शैलेश कुमार सिन्हा संबंधित थानेदार से आतंकवादी गतिविधियन में शामिल होखे वाले सब आरोपितन के जल्द से जल्द साक्ष्य जुटाके रिपोर्ट सौंपे के मांग कईल गईल बा।

बतावल जा रहल बा कि 25 जुलाई के ही NIA के टीम सीवान मंडल कारा में बंद बसंतपुर थाना क्षेत्र निवासी याकूब खान के कोर्ट में पेशी के बाद ओके अपने साथ लेके चल गईल रहल। कहल जा रहल बा कि याकूब आतंकी कनेक्शन से जुड़ल कई खुलासा क सकत बा। NIA के टीम इनकर पूरी हिस्ट्री खंगाल रहल बिया।

उहवें सीवान SP कार्यालय से जौन पत्र जारी कइल गइल बा ओमें अभीन कहल गइल बा कि आरोपित चारों संदिग्ध युवकन पर अलग-अलग थाना में पहिलही से कई मुकदमाँ दर्ज बा।

301250cookie-checkसीवान के 4 संदिग्ध युवकन के आतंकी कनेक्शन!:जैश-ए-मोहम्मद के आतंकियन के संपर्क में रहने; NIA खंगाल रहल बिया रिकॉर्ड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.