[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : स्कूल के पीछे मिलल छात्र के लाश, बर्थडे पार्टी के बहाने बोला के दाग देले गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार : बिहार में अपराधी एगो छात्र के गोली मार के हत्या कऽ देले।  पुलिस बल अउरी एफएसएल के संगे डॉग स्क्वाड के टीम मौका प पहुंचल बिया अउरी मामला के जांच में जुटल बिया।

बिहार के आरा में हथियारबंद अपराधी आठवीं कक्षा के छात्रा के बेरहमी से हत्या कऽ देले। अपराधी घटना के अंजाम तब अंजाम देले जब छात्र दादा के संगे दालान में सुतल रहे। फेर देर रात में केहु मोबाइल से फोन कऽ के घर से बाहर निकल के जन्मदिन के पार्टी में जाए के कहलस अउरी ओकरा बाद गांव के मिडिल स्कूल में ले जाके गोली मार के हत्या कऽ देले। अपराधी उनका के दु गोली मार देले आ ओकरा बाद उहाँ से फरार हो गइले। घटना इमादपुर थाना क्षेत्र के इमादपुर गांव के हऽ। मरेवाला इमादपुर गांव निवासी विधानंद पाण्डेय के बेटा पुष्पम राज कुमार उर्फ भोलू (13 साल) रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]