[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: बांग्लादेश से तस्करी कऽ के लिआवल एक किलो सोना जब्त

Bihar news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीआरआई के कोलकाता-कटिहार एक्सप्रेस ट्रेन से ले लिआवल जा रहल तस्करी सोना के खेप के गुप्त जानकारी मिलल रहे। एह जानकारी के आधार पs मुजफ्फरपुर से डीआरआई टीम ट्रेन पs छापामारी कइलस। एह छापामारी में नामित संदिग्ध के डीआरआई हिरासत में ले लिहलस। जब ओकर तलाशी लिहल गइल तऽ ओकरा दुनु जांघ के बेल्ट में सोना बान्हल मिलल। डीआरआई ओकरा के गिरफ्तार कऽ लिहले बा।

राजस्व खुफिया निदेशालय के मुजफ्फरपुर टीम कटिहार में एगो ट्रेन पs छापा मार के एक किलो तस्करी सोना जब्त क लेले बिया। ई स्विट्जरलैंड में बनल बा। सोना के इ खेप बांग्लादेश से कोलकाता के रास्ता से ले आवल जात रहे। इ सोना के बिस्कुट के रूप में रहे।

खुला बाजार में एकर दाम 73 लाख रुपिया बतावल जाता। डीआरआई टीम एगो तस्कर के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। उनका से पूछताछ हो रहल बा। जवन कि कैरियर के रूप में बतावल जा रहल बा। उत्तर बिहार आ मुजफ्फरपुर के बाजार में सोना के खेप के खपत करे के साजिश रचल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]