Bihar News: महाबोधि मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी, दुबई से वासेपुर के कुख्यात भेजलस सनेस

Anurag Ranjan
महाबोधि मंदिर
- Sponsored Ads-


बिहार के बोधगया में इस्थित महाबोधि मंदिर एक बेर फेर आतंकियन के निशाना पs बा। दुबई में छुपल झारखंड राज्य के कुख्यात अपराधी विक्की महाबोधि मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी देले बा। बोधगया मंदिर प्रबंधन समिति के ई धमकी एगो पत्र के माध्यम से मिलल बा। महाबोधि मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी मिलला के बाद बिहार, झारखंड आ दिल्ली सहित आउर राज्यन के पुलिस एक्टिव हो गइल। संगही पुलिस आरोपी के पहचान कs के गिरफ्तार करे में जुट गइल बिया।

पुलिस सुत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक, महाबोधि मंदिर को बम से उड़ावे के धमकी झारखंड राज्य के धनबाद जिला के वासेपुर के कुख्यात अपराधी प्रिंस खान देले बा। ओहिजा, धमकी मिलला के बाद गया पुलिस के एगो टीम धनबाद पहुंचके प्रिंस खान के घर में छापेमारी कs के पूरा तलाशी लेले बिया। झारखंड राज्य के कुख्यात अपराधी प्रिंस एह दिनन दुबई में छिपल होखे के खबर बा।

- Sponsored Ads-

चिट्ठी से बोधगया में मचल हड़कंप


महाबोधि मंदिर प्रशासन से मिलल जानकारी के मोताबिक, ओह लोगन के एगो चिट्ठी मिलल बा, जेमे महाबोधि मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। धमकी देवे वाला पत्र में पाकिस्तानी एजेंसी ISI के जिकिरो कइल गइल बा। धमकी भरल पत्र में वासेपुर के कुख्यात अपराधी प्रिंस खान के नामो सामिल बा। महाबोधि मंदिर उड़ावे के धमकी भरल पत्र मिलला के बाद गया पुलिस के एगो टीम सब इंस्पेक्टर ब्रजेश कुमार के नेतृत्व में झारखंड राज्य के धनबाद जिला पहुंचल। एह दौरान झारखंड पुलिस बिहार पुलिस के साथ देलस आ टीम वासेपुर मोहल्ला में प्रिंस खान के घरे छापेमारी कs के पूरा तलाशी लेलस। पुलिस के संगे-संगे बोधगया मंदिर प्रशासन ई पुष्टि ननखे कs सकल कि धमकी भरल पत्र कुख्यात अपराधी प्रिंस खान भेजले बा भा केहु आउर ओकरा नाम के इस्तेमाल कइले बा। बिहार पुलिस सहित सुरक्षा एजेंसियो एह ममिला के गंभीरता से ले रहल बाड़ी सs आ पूरी सावधानी बरत रहल बाड़ी सs।

दुबई से मिलल मंदिर उड़ावे के धमकी


ओहिजा, कुख्यात अपराधी प्रिंस खान झारखंड राज्य के धनबाद आ बोकारो जिला में कारोबारियन के डरा धमकाके रंगदारी मांगे के काम करता रहे। ओकरा पs एगो जमीन कारोबारी के हत्या के आरोप बा। कइयन ममिलन में वांछित धनबाद पुलिस के ओकर तलाश बा। पुलिस सुत्रन के मोताबिक कुख्यात अपराधी प्रिंस खान दुबई में रहके बोधगया मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी देले बा। जवना के बाद धनबाद पुलिस प्रिंस खान के खिलाफ रेड कॉर्नर नोटिस जारी कइलस। संगही ओकर पासपोर्ट रद्द कs दिहल गइल बा।

एह संबंध में गया पुलिस के आलाधिकारी आ बोधगया मंदिर प्रबंधकारिणी समिति के कवनो सदस्य कुछुओ बोले के तइयार नइखे लो। हालांकि, एकरा के लोग कवनो शरारती तत्वन से जोड़ियो के देख रहल बा लो। मालूम होखे कि आतंकवादियन के ओर से साल 2013 में महाबोधि मंदिर में बम धमाका पूरा देस के हिलाके रख देले रहे। ओहिजा, अइसन ममिलन के देखते बिहार पुलिस महाबोधि मंदिर के सुरक्षा बेवस्था के आउर मजबूत कs देले बा। ओहिजा, ममिला के सत्यता के जांच खातिर देस के अलग-अलग सुरक्षा एजेंसी जांच में जुट गई है।

इहो पढ़ीं: Mahakumbh 2025 : संगम नगरी में काल्ह गंगा पूजन करेंगे पीएम मोदी, विश्व को देंगे महाकुंभ का आमंत्रण

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।