Bihar News : पटना के इस्कॉन मंदिर में लाठी चार्ज, कई गो श्रद्धालु घायल 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

जहानाबाद जिला के बाबा सिद्धेश्वर नाथ शिव मंदिर परिसर में भगदड़ मच गइल जवना में सात लोग के मौत हो गइल आ 22 लोग घवाहिल हो गइल। फेर एगो अइसने घटना पटना के इस्कॉन मंदिर

Share

जहानाबाद जिला के बाबा सिद्धेश्वर नाथ शिव मंदिर परिसर में भगदड़ मच गइल जवना में सात लोग के मौत हो गइल आ 22 लोग घवाहिल हो गइल। फेर एगो अइसने घटना पटना के इस्कॉन मंदिर में होखे से बांचल।  इस्कॉन मंदिर में भीड़ के पुलिस लाठीचार्ज कऽ देले बिया। घटना तब भइल जब मंदिर के गेट खुलते भीड़ बेकाबू होके मंदिर में घुस गइल। भीड़ पs काबू पावे खातिर पुलिस के लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। हालांकि मंदिर के प्रवक्ता नंद गोपाल एकरा से इनकार कइले बाड़े। उनकर कहनाम बा कि भक्तन पर कवनो लाठीचार्ज नइखे भइल।

जहानाबाद में पुलिस के लापरवाही के चलते भगदड़ मच गइल रहे

जहानाबाद जिला से 25 किलोमीटर दूर बाबा सिद्धेश्वर नाथ शिव मंदिर परिसर में 11 अगस्त के रात में भगदड़ मचल रहे। ओह घटना में एगो महिला समेत सात लोग के मौत हो चुकल रहे। संगही करीब 22 लोग घायल हो गइले। घटना के बाद जिला प्रशासन अवुरी पुलिस प्रशासन घटना के जांच कइलस आ ओकरा बाद प्रशासनिक अधिकारी समेत बहुत पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ दिहल गइल।  जिला प्रशासन प्रशासनिक अधिकारी आ पुलिसकर्मी समेत 50 लोग के कारण देखावे के नोटिस जारी कइले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.