[the_ad_group id="30365"]

58 दिन बाद RJD ऑफिस पहुंचलें जगदानंद सिंह: डिप्टी CM तेजस्वी यादवो बाड़े साथे, सिंगापुर जाये से पहिले लालू दूर कइलें रहस नाराजगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह 58 दिन बाद बुध के प्रदेश कार्यालय पहुंचल बाड़ें। एह दौरान डीप्टी सीएम तेजस्वी यादवो उनका साथे रहलें। जगदानंद सिंह तेजस्वी के गाड़ी में बइठ के राजद कार्यालय पहुंचलें। ऊ 2 अक्टूबर के बाद से ऑफिस ना आवत रहस। मालूम होखे कि सिंगापुर जाये से पहिले जगदानंद सिंह लालू यादव से दिल्ली में मुलाकात कइले रहस। एकरा पहिले उनका नाराज होखे के खबर सामने आ रहल बा। अइसन चरचा रहे कि उनकर बेटा सुधाकर सिंह के नीतीश कैबिनेट से इस्तीफा देला के बाद से ऊ नाराज हो गइल रहलें। लालू से मुलाकात के बाद उनका के मना लिहल गइल। जगदानंद सिंह के मुलाकात के बाद लालू प्रसाद यादव राष्ट्रीय कार्यकारिणी के नया सिरा से गठन कइले रहस।

सिंगापुर जाये से पहिले लालू कइले रहस बात

बीतल बियफे के लालू प्रसाद आ जगदानंद सिंह के बीचे देर तक दिल्ली इस्थित मीसा भारती के आवास पs बातचीत भइल। पार्टी सूत्रन के मोताबिक, लालू प्रसाद पार्टी के वरिष्ठ नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी के सोझा जगदानंद सिंह से कह देलें कि हम सिंगापुर जा रहल बानी, रउआ अध्यक्ष पद पs रहीं। कहल जाला कि एमे JDU-RJD विलयो पs बात भइल। हालांकि जगदानंद आ नीतीश के बीच रार के कारण आउर महागठबंधन में कॉर्डिनेशन कमेटियो पs बात अटकल बा। बता दीं कि सुक के साँझ में लालू प्रसाद किडनी ट्रांसप्लांट खातिर सिंगापुर रवाना भइलें।

2 अक्टूबर के बाद से ना आइल रहलें ऑफिस

जगदानंद सिंह अपना बेटा सुधाकर सिंह के कृषि मंत्री पद से इस्तीफा के घोषणा 2 अक्टूबर के कइले रहस, ओकरा बाद से ऊ पार्टी कार्यालय ना आवत रहस। राजद से जुड़ल लोग बतावत बा कि एकरा के जगदानंद सिंह के राजनीतिक हार मानल जात रहे कि बेटे सुधाकर सिंह के नीतीश कुमार के दबाव में लालू प्रसाद मंत्री पद छोड़े के कह देलें। ओकरा बाद सुधाकर के इस्तीफा भइल। जगदानंद सिंह जवना अंदाज में सुधाकर के इस्तीफा के घोषणा कइले रहस, ओकरा से साफ रहे कि ऊ एह इस्तीफा के पक्ष में ना रहलें। ऊ एकरा के बलिदान कहले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]