[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: सरकारी स्कूलन के होई कायापलट, 2467 विद्यालयन में होई भवन निर्माण; 132 करोड़ रूपिया आवंटित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सरकारी स्कूल के रूपांतरण होखे वाला बा। 2467 स्कूलन में भवन बनावल जाई। एकरा खाती 132 करोड़ रुपया के आवंटन कइल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक हर जिला में जिला स्तरीय समिति अतिरिक्त कक्षा कक्ष बनावे, शौचालय बनावे आ सुरक्षित पेयजल के सुविधा देवे खातिर स्कूल के चयन करी। जिला मजिस्ट्रेट के अध्यक्षता में एह समिति के गठन भइल बा।

केन्द्र सरकार सरकारी स्कूलन में निर्माण काम खातिर 132 करोड़ 65 लाख रुपिया के आवंटन कइले बिया। एह रकम से 2467 सरकारी स्कूलन के भवन आ अतिरिक्त कक्षा कक्ष बनावल जाई। एह महीना स्कूलन के चयन कइल जाई। सितंबर से निर्माण के काम शुरू हो जाई।

पहिला चरण में स्कूल में जरूरी निर्माण के काम के अलावा कक्षा चलावे खातिर कमरा आ शौचालय के निर्माण कइल जाई। शुद्ध पीये के पानीयो के प्रावधान होखे के बा। सर्वेक्षण के आधार प इ प्राथमिकता तय कइल गइल बा।

हर जिला में समिति बनावल जाई

शिक्षा विभाग से मिलल जानकारी के मुताबिक हर जिला में जिला स्तरीय समिति अतिरिक्त कक्षा कक्ष बनावे, शौचालय बनावे आ सुरक्षित पेयजल के सुविधा देवे खातिर स्कूल के चयन करी। जिला मजिस्ट्रेट के अध्यक्षता में एह समिति के गठन भइल बा।

जिला मजिस्ट्रेट के अनुपलब्धता के इस्थिति में संबंधित जिला के उप विकास आयुक्त समिति के बैठक के अध्यक्षता करीहें। जिला शिक्षा अधिकारी समिति के सदस्य सचिव बाड़े।

ई बइठक अगस्त के आखिरी हफ्ता में होखी

समिति के सदस्य जिला कार्यक्रम अधिकारी (प्राथमिक शिक्षा आ सर्व शिक्षा अभियान) आ बिहार शिक्षा परियोजना के जिला स्तरीय कार्यालय में तैनात सहायक अभियंता या कार्यकारी अभियंता होईहें। स्कूलन के चयन खातिर समिति के बइठक एह महीना के आखिरी हफ्ता में करावल जाई।

बिहार शिक्षा परियोजना परिषद के राज्य परियोजना निदेशक बी. कार्तिकेय धनजी प्रदेश के सभ जिला शिक्षा अधिकारी के निर्देश देले बाड़े कि योजना के चयन अवुरी प्राथमिकता देवे खातिर ए महीना में समिति के बैठक निश्चित रूप से होखे के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]