[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: सरकारी राशन मिलल हो जाई बंद…, ना तऽ समय से पहिले निपटा लिहीं ई काम; लापरवाही पड़ी भारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ration Card KYC बिहार में राशन कार्डधारियन के लेके बड़ा अपडेट सामने आइल बा। जदि रउआ अबहीं ले केवाईसी नइखीं करवले तऽ जतना जलदी हो सके केवाईसी करवा लिहीं। अधिकारियन के मोताबिक ओ सब उपभोक्ता के राशन बंद हो जाई जे नियम के पालन ना करीं।

सरकारी राशन प्राप्त करे वाला वइसन उपभोक्ता लो के अनाज से वंचित होखे के पड़ सकऽता जे केवाईसी नइखे करवले भा करवावे के के मूड में नइखे। चंडी के प्रखंड विकास अधिकारी सौरभ सिन्हा बतवले कि सरकार के निर्देशन के अनुसार सब उपभोक्ता लो के अपना नियरा के जन वितरण प्रणाली के दोकानदारन के लगे जाके आधार आदि के साथे केवाईसी करवा लेवे। उऽ बतवले कि उऽ सब उपभोक्ता लो के राशन स्वतः बंद हो जाई जे नियम के पालन ना करी।

पीडीएस दुकानन पऽ करवाई केवाईसी

बता दी कि राशन कार्डधारी अपना संबंधित जन वितरण प्रणाली दुकानन पs जाके मशीन के माध्यम से ई-केवाइसी करा सकऽ ताड़ें। ई सब उपभोक्ता लो खातिर अनिवार्य बा। जदि निर्धारित समय तक केहू ई-केवाइसी ना करवलस तऽ ओकर नाम अपने आप राशन कार्ड से कट जाई। दुकानदारन के अपना स्तर से क्षेत्र में प्रचार-प्रसार करे के कहल गइल बा। ताकि सब उपभोक्ता के एकर जानकारी मिल सके। विभाग के सचिव सब डीएम के एकरा से अवगत करा देले बाड़न।

राज्य में बक्सर जिला सबसे अव्वल

राशनकार्ड धारी आ आधार सीडिंग के बात कइल जाव तऽ बक्सर राज्य में सब जिलन से अव्व्ल बा। इहाँ कुल राशनकार्ड धारियन के संख्या 11 लाख 60 हजार 127 बा आ सब के आधार सीडिंग के कार्य पूरा कऽ लिहल गइल बा। यानी शत प्रतिशत लक्ष्य प्राप्ति के साथे बक्सर सबसे आगे बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]