[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : गंगा में चीफ इंजीनियर बह गइले; कटाव के निरीक्षण करत रहले, तब फोन आइल आ अइसन हादसा हो गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नवगछिया बाढ़ नियन्त्रण प्रभाग के कार्यकारी अभियंता मुकेश कुमार घटना के बाद मुख्य अभियंता सुरक्षित आ ठीक रहल बतवनी । ऊ बतवले कि एनडीआरएफ के टीम समय रहते उनका के सुरक्षित बचा लिहलस।

भागलपुर के नवगछिया के इस्माइलपुर में गंगा नदी के तेज धारा में जल संसाधन विभाग के मुख्य अभियंता बह गइले। हालांकि समय रहते उनका के सुरक्षित बाहर निकाल दिहल गइल। बतावल जाता कि शनिवार के इंजीनियर अनवर जमील गंगा नदी में कटाव के निरीक्षण करे गइल रहले। अचानक पानी के तेज दबाव के चलते ओ लोग के नाव कहलगांव के ओर बहे लागल। ठीक ओही घरी उनकर फोन बाजल आ झटका के चलते ऊ नाव से पानी में गिर गइले। हालांकि मौका पs मौजूद टीम तुरंत कार्रवाई करत उनका के सुरक्षित बचा लेलस, जवना से उनकर जान बच गइल। घटना के बाद कुछ समय तक उनकर हालत बिगड़ गइल। एकरा बाद उनका के प्राथमिक चिकित्सा दिहल गइल, अब उनकर जान सुरक्षित बा।

टीम सकुशल निकल गइल 

नवगछिया बाढ़ नियंत्रण प्रभाग के कार्यकारी अभियंता मुकेश कुमार घटना के बाद मुख्य अभियंता सुरक्षित आ ठीक रहल बतवले। ऊ बतवले कि पानी में डूबे के चलते मुख्य अभियंता तनी घबरा गइले, बाकी एनडीआरएफ के टीम समय रहते उनका के सुरक्षित बचा लेलस। एही बीच मुख्य अभियंता अनवर जमील बतवले कि पास में निरीक्षण करत घरी पानी के बहाव बहुत तेज रहे। पानी के दबाव के चलते इनकर नाव कहलगांव के ओर खींचल जाता। एनडीआरएफ के टीम जब उनका के वापस ले आवे के कोशिश करत रहे तs चीफ इंजीनियर के मोबाइल पs फोन आइल। तब ई हादसा हो गइल।

लाइफ जैकेट से जान बच गइल

स्थानीय लोग के मुताबिक घटना तब भइल जब मुख्य अभियंता कटाव स्थल के निरीक्षण करे जात रहले आ तेज पानी के धारा के चलते उनकर नाव असंतुलित हो गइल। गंगा नदी में डूबला के बावजूद टीम के शीघ्रता अवुरी मुख्य अभियंता के ओर से लाइफ जैकेट पहिरला के चलते एगो बड़ दुर्घटना टल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]