[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: पश्चिम बंगाल के व्यापारी जेल के धमकी देत 50 हजार रुपिया के मांग कइलस जवना में पटना जीआरपी प्रभारी समेत पाँच गो के निलंबित कर दिहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मामीला के शिकायत व्यापारी के ओर से एक अगस्त के भइल रहे। जांच के बाद अधिकारी पटना जीआरपी प्रभारी पंकज कुमार, उप निरीक्षक राकेश कुमार, एएसआई रामचंद्र राम, सिपाही संजय कुमार अवुरी कृष्ण कुमार ठाकुर के निलंबित कs देले।

पटना जीआरपी के एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आइल बा, जवना में एसएचओ समेत पांच पुलिसकर्मी पs एगो व्यापारी से अवैध रंगदारी के मामला दर्ज भइल बा। ए मामला में पटना जीआरपी प्रभारी पंकज कुमार के तुरंत प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल। उनका जगहा राजेश कुमार सिन्हा के पटना जीआरपी के नयका प्रभारी बनावल गइल बा। संगही कहल जा रहल बा कि सब आरोपी पुलिसकर्मी के खिलाफ विभागीय कार्रवाई होई।

जानकारी के मुताबिक ई घटना 1 अगस्त के भइल बतावल जाता, जब पश्चिम बंगाल के एगो व्यापारी सोमनाथ नैया ट्रेन पकड़े खातीर पटना जंक्शन पहुंचल रहले। ए दौरान पैदल स्टेशन पs गश्त करत एगो सिपाही उनका के संदिग्ध मानत हिरासत में ले लेलस आ ओकरा बाद जीआरपी थाना ले गइल। थाना में व्यापारी से बहुत सवाल पूछल गइल अवुरी ओकरा के संदिग्ध घोषित कs के जेल भेजे के धमकी दिहल गइल। एकरा बाद व्यापारी के बार-बार निहोरा आ बेर-बेर बेगुनाही के बयान के बावजूद उनका के जेल में बंद क दिहल गइल, पुलिसकर्मी उनकर बात ना सुनले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]