Bihar News: मेला में घरवालन से बिछड़ल 8 साल के बच्ची के साथे हैवानियत

Share

जवना परब में लइकी के देवी के रूप में पूजल जाला, ओहिजा जंगली लोग अपना कुकर्म से परहेज नइखन सन करत। अइसने एगो शर्मनाक घटना बेगूसराय के चकिया थाना इलाका से भइल बा जहाँ विजयदशमी के रात अपना रिश्तेदारन का साथे मेला घूमे गइल एगो आठ बरीस के लइकी के अपहरण कऽ के दुष्कर्म के शिकार बना दिहल गइल।

रात के करीब 2 बजे चकिया पुलिस के एगो महिला अधिकारी एगो ईंट भट्ठा के नजदीक खून से लथपथ लइकी के बरामद क के इलाज खातिर सदर अस्पताल भेज देलस।

एही बीच लइकी के परिजन मेला में खोवल लइकी के खोजत रहले। परिजन सदर अस्पताल पहुंच के लइकी के पहचान कइले। एसपी मनीष कहले कि मामला के गंभीरता के देखत सदर डीएसपी टू भास्कर रंजन के नेतृत्व में पुलिस टीम कार्रवाई में लागल बिया।

मिलल जानकारी के मुताबिक पीड़िता अपना माता-पिता आ दु बहिन के संगे बरियाही दुर्गा स्थान मेला में गइल रहली। एह सीक्वेंस में एगो अनजान साइकिल सवार चॉकलेट के बहाने लुभाव के ओकर अपहरण कऽ के सुनसान जगहा ले जाके दुष्कर्म कइलस।

ईंट भट्ठा के लगे खून से लतपथ हालत में मिलल लइकी

दू बजे पुलिस ने जयराम चिमनी भट्ठा के लगे बेहोशी के हालत में खून से लतपथ बच्ची के मिले के जानकारी देलस। डायल 112 के टीम, चकिया थानाध्यक्ष नीरज कुमार चौधरी, पुअनि मोनिका कुमारी मौका से बच्ची के इलाज खातिर सदर अस्पताल भेजल गइल।

घटना के जानकारी मिलते सदर डीएसपी टू भास्कर रंजन सदर अस्पताल पहुंचले आ इलाज के दौरान लइकी के परिजन से बात कऽ के जांच कइले।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-