[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: मुजफ्फरपुर में संदिग्ध इस्थिति में मिलल युवक के शव, परिजन पीटकर हत्या करे के लगवले आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुजफ्फरपुर में एगो युवक के लाश ओकरा घर के बहरी संदिग्ध परिस्थिति में मिलल बा। एकरा बाद परिवार के लोग के बीच चिल्लाहट हो गईल। घटना के बारे में परिवार के लोग बतवले कि बेटा के पीट-पीट के हत्या क दिहल गइल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन शुरू कऽ देलस। एह घटना के सूचना बोचहान थाना क्षेत्र के चखाजी गांव से हो रहल बा।

जानकारी के मुताबिक मरेवाला के पहचान चखाजी गांव निवासी अरुण राम (30 साल) के रूप में भइल बा। बतावल जा रहल बा कि अरुण राम के पहिलही से पड़ोसी लोग से जमीन के विवाद होखत रहे। देर शाम दुनो परिवार के बीच झगड़ा भइल, जेकरा बाद परिवार अरुण राम के अस्पताल में भर्ती करवले। जहाँ शनिचर का दिने उनकर मौत हो गइल। घटना के बाद परिवार के कहनाम बा कि आरोपी घटना के अंजाम देले बा, जवना के बाद अरुण के मौत हो गइल। एकरा चलते परिवार के लोग में आक्रोश बा।

एकरा संगे-संगे मौका प गांव के लोग के भीड़ जमा हो गइल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंचल अउरी लाश के पोस्टमार्टम करे में व्यस्त हो गइल। संगही घटना में शामिल आरोपी के गिरफ्तारी के मांग प परिवार के लोग अड़ल बाड़े।

मामला के बारे में बोचहां थाना थाना के थानाध्यक्ष राकेश कुमार यादव बतवले कि मरेवाला अरुण राम के जमीन के विवाद पहिले से चलत रहे। ई प्राइमा फेसी मामला जमीन के विवाद से जुड़ल लागता। गांव के लोग अवुरी मरेवाला अउरी आरोपी से मिलल जानकारी के मुताबिक बतावल जाता कि दुनो लोग करीब रहले आ देर सांझ के सभे एक संगे रहले। बतावल जाता कि देर रात भइल बकझक के बाद इ झगड़ा भइल। साथ ही अरुण राम कई साल तक बीमार रहले। परिवार के बयान लिहल जाता अवुरी लाश के पोस्टमार्टम करावे के प्रयास कइल जाता। पीएम के रिपोर्ट अइला के बाद मौत के कारण साफ हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]