[the_ad_group id="30365"]

Bihar: दु लाख में बन गइले आईपीएस अधिकारी, बैच आ वर्दी के साथे गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमुई के पुलिस एगो फर्जी आईपीएस के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। गिरफ्तार नकली आईपीएस से पुलिस एगो आरएस 200 पल्सर बाइक, एगो खिलौना पिस्तौल आ बहुत कागजातो बरामद कइले बिया। गिरफ्तार नकली आईपीएस के पहचान लखीसराय जिला के हलसी थाना अंतर्गत गोवर्धन बीघा निवासी बबलू मांझी के बेटा मिथिलेश कुमार के रूप में भइल बा। फिलहाल पुलिस फर्जी आईपीएस से कड़ा पूछताछ करतिया। इ गिरफ्तारी सिकंदरा थाना क्षेत्र के अंतर्गत सिकंदरा चौक के नजदीक भइल बा।

संदिग्ध रूप से घूमत धाराइल नकली आईपीएस गिरफ्तार

ए संबंध में जानकारी देत एसडीपीओ सतीश सुमन बतवले कि शुक्रवार के सिकंदरा पुलिस सिकंदरा-जमुई रोड इस्थित जिला परिषद अध्यक्ष के आवास के सोझा संदिग्ध तरीका से घूमत एगो फर्जी आईपीएस के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। गिरफ्तार युवक से पूछताछ के दौरान पता चलल कि उऽ लखीसराय जिला के हलसी थाना क्षेत्र के तहत गोवर्धन बीघा गांव के निवासी भगलु मांझी के बेटा मिथिलेश मांझी हवे। ए दौरान पुलिस उनका से एगो आरएस 200 पल्सर बाइको जब्त कऽ लेले बिया। एकरा अलावे युवक से दु लाख रुपया के फर्जी चेक, पैन कार्ड, आधार कार्ड अवुरी मोबाइल के संगे-संगे खिलौना पिस्तौल जब्त कऽ लिहल गइल बा। फिलहाल सिकंदर पुलिस के ओर से जांच कईल जाता।

कइले बनले आईपीएस 

जमुई पुलिस के पूछताछ के दौरान गिरफ्तार आईपीएस बतवले कि जमुई जिला के खैरा निवासी मनोज सिंह नांव के एगो आदमी दु लाख रुपया लेके वर्दी अउरी नकली पिस्तौल देले बाड़े। बाइक के बारे में आईपीएस बतवले कि उनकर बियाह कुछ महीना पहिले भइल रहे, जवना में उनका दहेज के रूप में बाइक मिलल रहे। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया। पुलिस के कहनाम बा कि अब मनोज सिंह के बारे में जानकारी लिहल जाता, उनका के बहुत जल्दी गिरफ्तार कऽ लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]