[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : शराबबंदी के बादों बिहार में जहरीला शराब पीयला से मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar : बिहार में फेर जहरीला शराब पी के एगो युवक के मौत हो गइल। मरेवाला के भाई के आरोप बा कि उनका भाई के जहरीला शराब पिया के हत्या कs देवल गइल बा। परिवार के लोग के शिकायत पs पुलिस व्यापारी के घर से शराब के संगे-संगे हथियार बरामद कइले बिया।

Hooch tragedy

समस्तीपुर में एक युवक के संदिग्ध तरीका से मौत हो गइल, जबकि तीन जने के हालत अभी गंभीर बा। परिवार के कहनाम बा कि जहरीला शराब पिए के चलते आदमी के मौत हो गइल। मामिला पटोरी थाना क्षेत्र के नगर परिषद वार्ड 9 स्थानीयता के बा। मरेवाला के पहचान पटोरी थाना क्षेत्र के चक सलेम गांव निवासी सुखदेव पासवान के बेटा मोनू कुमार (18) के रूप में भइल बा। एही गांव के बादल कुमार, नीतीश कुमार आ रसलपुर निवासी मनीष कुमार के हालत गंभीर बा। घटना से नाराज लोग शराब व्यापारी के घर में तोड़फोड़ कइले। पुलिस ओकरा घर से कुछ शराब के बोतल भी बरामद कइले बिया। पुलिस ए मामिला में एगो महिला के भी हिरासत में लेले बिया, जवना से पूछताछ कइल जाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]