[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: लोजपा के युवा नेता के घर से गांजा के खेप बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नरपतगंज प्रखंड क्षेत्र में भारत-नेपाल सीमा से सटल एसएसबी 56वीं बटालियन के घुरना एसएसबी बीओपी कंपनी के कमांडर प्रवीण प्रभाकर आ घुर्ना थाना प्रमुख संजय कुमार यादव के नेतृत्व में सोमार का दिने टीम बड़हन कार्रवाई कइलस। गुप्त सूचना के आधार पऽ फुलकाहा थाना क्षेत्र के मानिकपुर पंचायत के तहत भवानीपुर वार्ड नंबर पांच में युवा लोजपा के जिला उपाध्यक्ष के घर में छापामारी कइल गइल आ 5 किलो 170 ग्राम गांजा बरामद भइल। एकरा अलावे वजन करे वाला कंप्यूटर लैस तरजुई बरामद भइल बा।

छापामारी करे पहुंचल घुरना थाना प्रमुख संजय कुमार यादव आ घुरना एसएसबी बीओपी कंपनी के कमांडर प्रवीण प्रभाकर बतवले कि उऽ लोग घुरना के गाड़ी से पीछा करत उनका घरे पहुंचल। जहां गांजा तस्कर युवा लोजपा (आर) जिला उपाध्यक्ष ललित कुमार पासवान के पिता परमेश्वर पासवान गाड़ी से गांजा निकाल के अपना महतारी के देके घर के पीछे सुरसर नदी से भाग गइले।

पुलिस तलाशी के दौरान कमरा में गांजा के खेप मिलल

एह दौरान पुलिस आ एसएसबी आरोपी के सभ कमरा के तलाशी लेले, जहां से प्लास्टिक में पैक गांजा राखल रहे। जवना के पुलिस बरामद कऽ लिहलस आ एक जगह से खुदरा गांजा के आधा दर्जन पैकेटो बरामद भइल। एकरा बाद पुलिस आ एसएसबी के जवान करीब दु घंटा तक उनका सब कमरा के तलाशी लेले आ बाद में डॉग स्क्वाड के मदद से घर के तलाशी लेले।

तस्कर के माई आ भाई के गिरफ्तारी

एकरा बाद युवा लोजपा जिला उपाध्यक्ष ललित कुमार पासवान के माई पार्वती देवी आ उनकर एगो भाई के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेलस। गिरफ्तार आरोपी महिला पार्वती देवी पुलिस आ एसएसबी के बतवली कि उनकर बेटा गांजा लेके आके घर में रखले बा। मामला के बारे में घुरना थाना प्रमुख संजय कुमार यादव बतवले कि आरोपी महिला अउरी ओकरा छोट बेटा के मेडिकल जांच के बाद मंगलवार के न्यायिक हिरासत में अररिया भेज दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]