[the_ad_group id="30365"]

आज नालंदा पहुंचलें CM नीतीश: पहिला दिन 50हजार श्रद्धालु  लगइलें आस्था के डुबकी, देर लोगरात तक मेले के लुफ्त उठावत रहले ।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आज राजकीय राजगीर मलमास मेला में भाग लेवे खातिर राजगीर पहुंच रहल बाड़े। 11:30 बजे मुख्यमंत्री ब्रह्मकुंड परिसर में राजकीय राजगीर मलमास मेला के कार्यक्रम में सामिल होइहें।

दरअसल, मुख्यमंत्री के आज सांझ के आवे के कार्यक्रम तय रहे बाकिर अचानक से उनका कार्यक्रम में बदलाव कइल गइल। अब ऊ सबरे 11:30 बजे तक राजगीर पहुंच जइहें। मुख्यमंत्री सप्तधारा में पूजा-अर्चना करिहें। एह के बाद सरस्वती कुंड परिसर के उद्घाटन आ गंगा महाआरती में सामिल होइहें।

50 हजार लोग लगावल आस्था के डुबकी

मलमास मेला के अवसर पs पहिला दिन करीब 50,000 श्रद्धालु लोग आस्था के डुबकी ब्रह्मकुंड के सप्तधारा, सरस्वती नदी आ वैतरणी नदी में लगावल। सीताराम, हरे राम, बम बम भोले, के जयकारा से पूरा कुंड क्षेत्र गुंजायमान रहल। ओहिजा एह मवका पs वैतरणी नदी में मोक्ष के प्राप्ति खातिर श्रद्धालु लोग गाय के पूंछ पकड़ नदी के एक छोर से दूसरका छोर तक के दूरी तय कइल।

आज 2 बजे तक आम श्रद्धालुअन खातिर ब्रह्म कुंड रही बंद

पंडा समिति राजगीर के अध्यक्ष नीरज उपाध्याय बतवलें कि मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के लेके सबेरे 6:00 बजे से लेके दुपहरिया 2:00 बजे तक ब्रह्मकुंड परिसर आम श्रद्धालुअन खातिर बंद रही। साफ सफाई आ सुरक्षा के दृष्टिकोण से ई निर्णय लिहल गइल बा ।

मलमास मेला में आवे वाला लोग देर रात तक झूला, थिएटर सहित आउर मनोरंजन के साधन के लुफ्त उठावत रहे लो। ओहिजा सुरक्षा के लेके पुलिस प्रशासन चौकन्ना रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]