Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Local Body Election: 805 पदन खातिर 4443 उम्मीदवार मैदान में, 31 नगर निकायन में सुरू भइल वोटिंग

Bihar Nagar Nikay Chunav: राज्य के 31 नगर निकायन में सुक के सात बजे से वोटिंग सुरू हो गइल बा। मतदान खातिर वोटरन में उत्साह देखल जा रहल बा। सबेरही से मतदान केंद्र पs वोटरन के लाइन लागल सुरू हो गइल बा।

541

Bihar Nagar Nikay Chunav 2023: राज्य के 31 नगर निकायन में सुक के सबेरे सात बजे से वोटिंग सुरू हो गइल बा। 805 पदन खातिर कुल 4443 प्रत्याशी चुनावी मैदान में बा। एह नगरपालिकन में कुल 12 लाख 73 हजार 810 मतदाता अपना मताधिकार के प्रयोग कs सकी लो।

आयोग सब जिलन के निरदेस देले बा कि बोगस मतदान के रोके खातिर हर मतदाता के पहचान फेसियल रिकोगनिशन सिस्टम (एफआरएस) से करइला के बादे मतदान करे के मवका दिहल जाये। एफआरएस सिस्टम में एक बेर मतदान कइला के बाद पूरा नगर निकाय क्षेत्र में ऊ व्यक्ति दोबारा मतदान ना कs सकी।

मतदान के निष्पक्ष, पारदर्शी, शांतिपूर्ण आ भयमुक्त वातावरण में करावे खातिर जरुर बा कि हर मतदाता के एफआरएस करावल जाव। आयोग कहले बा कि इपिक के अलावे मतदाता लोगन के 16 वैकल्पिक फोटोयुक्त पहचान पत्र के माध्यम से मतदान के मवका मिली।

राज्य निर्वाचन आयोग के मोताबिक, जवना पदन खातिर प्रत्याशियन के बीच मुकाबला बा, ओमे उप मुख्य पार्षद खातिर 391, मुख्य पार्षद खातिर  423 आ वार्ड पार्षद के 3457 प्रत्याशी चुनावी मैदान में बा लो।

हेल्पलाइन नंबर पs दर्ज करावल जा सकत बा शिकायत

प्रत्याशियन के किस्मत सुक के इवीएम में बंद हो जाई। मतदान के लेके आयोग के ओर से हेल्पलाइन जारी कइल गइल बा, जवना के नंबर 18003457243 बा। एह पs मतदाता आपन शिकायत दर्ज करा सकत बा लो।

559130cookie-checkBihar Local Body Election: 805 पदन खातिर 4443 उम्मीदवार मैदान में, 31 नगर निकायन में सुरू भइल वोटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.